टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gurugram: व्हाट्सएप अधिकारियन के खिलाफ पुलिस दर्ज कइलस मामला

05:10 PM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
What's app image ( google)
Advertisement

गुरुग्राम पुलिस व्हाट्सएप के अधिकारी के खिलाफ कवनो संवेदनशील मामला के जांच के दौरान जानकारी ना देवे के मामला दर्ज कइले बिया। हरियाणा सरकार के सक्षम प्राधिकारी गृह विभाग से वांछित अनुमति मिलला के बाद पुलिस कानूनी तरीका से मामला के लेके जानकारी मंगले रहे। बाकिर व्हाट्सएप के अधिकारी कवनो जानकारी ना देले, जवना के चलते गुरुग्राम पुलिस इ कार्रवाई कइलस।

Advertisement

बता दीं कि 17 जुलाई 2024 के इलेक्ट्रॉनिक मेल के माध्यम से नोटिस देके व्हाट्सएप के अधिकारी से जानकारी मांगल गइल रहे। जबकि एह संबंध में व्हाट्सएप के अधिकारी के ओर से कवनो जानकारी ना दिहल गइल आ आपत्ति जतावल गइल। एकरा बाद 25 जुलाई 2024 के निर्दिष्ट मोबाइल नंबर के पूरा विवरण भेज के फेर से जरूरी जानकारी मांगल गइल। बाकिर, गुरुग्राम पुलिस के व्हाट्सएप कंपनी के अधिकारी के ओर से कवनो जानकारी ना दिहल गइल।

कई तरह के जायज निहोरा के बावजूद 23 अगस्त 2024 तक व्हाट्सएप के अधिकारी के ओर से पुलिस के कवनो जानकारी ना दिहल गइल। पुलिस अधिकारी के कहनाम बा कि अइसन कईला से व्हाट्सएप कंपनी अप्रत्यक्ष रूप से एह मामला में आरोपी के मदद करतिया।

देश के मौजूदा कानून के तहत वांछित जानकारी देवे खातिर कानूनी तौर पs बाध्य होखला के बावजूद व्हाट्सएप कंपनी के प्रबंधन आ कंपनी मांगल जानकारी ना देके कानूनी निर्देश के अवहेलना कइले बिया।

28 सितंबर के साइबर क्राइम पूर्व गुरुग्राम थाना में व्हाट्सएप के निदेशक आ नोडल अधिकारी के खिलाफ भारतीय दंड संहिता के अलग-अलग धारा के तहत गुरुग्राम पुलिस के ओर से कानून के तहत व्हाट्सएप से मांगल जानकारी ना देवे के मामला दर्ज भइल बा।

Tags :
Fir on what's appgurrugram News bhojpuriGurugram Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsLaw and Orderwhat's app
Advertisement
Next Article