टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा जंक्शन के रास्ते चली ग्वालियर-बरौनी स्पेशल ट्रेन

11:00 AM Aug 26, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

छपरा जंक्शन होत ग्वालियर बरौनी स्पेशल ट्रेन के संचालन अवधि बढ़ा दिहल गइल बा। यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत रेल प्रशासन ग्वालियर-बरौनी-ग्वालियर द्वि-साप्ताहिक विशेष ट्रेन संख्या 04137/04138 के संचालन के अवधि में काफी बढ़ोतरी के घोषणा कइले बा। ई ट्रेन हर हफ्ता ग्वालियर आ बरौनी के बीच चलेले आ अब एकर संचालन के अवधि 35 गो अउरी यात्रा खातिर बढ़ा दिहल जाई।

Advertisement

ग्वालियर से 04137 ट्रेन

इ ट्रेन ग्वालियर से बरौनी तक हर हफ्ता 1 सितंबर 2024 से 29 दिसंबर 2024 तक निर्धारित दिन पऽ चली। एह विस्तारित अवधि में ई ट्रेन कुल 35 यात्रा खातिर चली जवना से ग्वालियर से बरौनी के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन के अधिका सुविधा मिली।

बरौनी से 04138 ट्रेन

इ ट्रेन बरौनी से ग्वालियर खातिर 2 सितंबर 2024 से 30 दिसंबर 2024 तक चली। एह ट्रेन के संचालनो के बढ़ा के 35 गो यात्रा कर दिहल गइल बा। जवना से बरौनी से ग्वालियर के यात्रा अउरी आसान हो जाई। एह विशेष ट्रेन के समय, स्टॉप, आ परिचालन के जानकारी एह विस्तारित अवधि में वइसने रही।

यात्री के बढ़त मांग अउरी यात्रा के सुविधा के देखत रेल प्रशासन इ कदम उठवले बा। एह फैसला से यात्रियन के यात्रा के सुचारू अनुभव मिल जाई आ यात्रा योजना में आसानी होखी। एह विस्तार से यात्रियन के यात्रा सुविधा में सुधार होखी जवना से उऽ लोग आपन यात्रा अधिका आरामदायक आ सुविधाजनक तरीका से पूरा कर सकिहें।

Tags :
Chapra Junctionchapra newsIndian Railway newslatest train newsTrain News
Advertisement
Next Article