टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पत्नी पs पति के आइल एतना गुस्सा, दहेज के कुल सामान में लगा दिहलस आग

12:47 PM Nov 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

मध्य प्रदेश के ग्वालियर शहर से पति-पत्नी के बीच विवाद के एगो अनोखा मामला सोझा आईल बा। पत्नी से चलत विवाद से नाराज पति दहेज के रूप में मिलल घर के सामान निकाल के आग लगा देले, जवन कि पूरा तरीका से जरि के राख हो गईल। घटना के दौरान पति उहाँ शांति से टहलत रहले, जबकि आग के लपट बढ़ते नजदीक के लोग घटना के देख के बाहर निकल के एगो वीडियो बनवले, जवन कि सोशल मीडिया पs वायरल हो गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लिहलस, बाकिर तब ले घर के सामग्री पूरा तरीका से जर के राख हो गईल रहे।

लोग पुलिस के दिहलस सूचना

असल में ग्वालियर शहर के बहोड़ापुर थाना क्षेत्र के आनंद नगर इलाका में रहे वाला श्रीराम कुशवाहा के पत्नी रजनी कुशवाहा से रोज विवाद होखत रहे। आज फेरु दुनों के बीच विवाद हो गईल। विवाद एतना बढ़ गईल कि पति खिसिया के घर के सामान बाहर फेंक देले। फेर ओकरा पs मट्टी तेल डाल के आग लगा दिहलस। आग लगवला के बाद पति आराम से ओहिजा टहलत रहले। जब आग के लपट उठल तs पास के लोग बाहर निकल गईले। कुछ स्थानीय लोग फायर ब्रिगेड अवुरी पुलिस के सूचना देले।

पुलिस पूछताछ के दौरान पति बतवले 

शुरू में लोग सोचत रहे कि आग शार्ट सर्किट के चलते भईल बा, बाकिर जब पुलिस पति-पत्नी से पूछताछ कईलस तs उs आदमी बतवलस। आग के लपट में पूरा सामान जरा के राख हो गईल। पुलिस पति-पत्नी के थाना ले गईल, जहां दुनो के काउंसलिंग कईल गईल अवुरी उनुका के समझावल गईल कि अयीसन विवाद से बचे के जरूरत बा। दुनु जने आपन गलती कबूल करत कहलन कि भविष्य में अइसन काम ना करब. सीएसपी अशोक सिंह कहले कि, "पति-पत्नी के बीच झगड़ा बढ़ला के बाद पति खिसिया गईले अवुरी घर के सामान जरा देले। आग लागे के जानकारी मिलला के बाद पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंचल, पुलिस दुनो के ले आवलस आ थाना में जाके समझवले।

Guru Pradosh Vrat : जानीं गुरु प्रदोष व्रत के पूजा विधि, मुहूर्त या महत्व 

 

Tags :
Gwalior Husband-wife Mp News
Advertisement
Next Article