टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ज्ञानवापी पs भइल बड़हन सुनवाई, जानी कोर्ट केकर पक्ष में कइलस फैसला , ज्ञानवापी पs live update खबर भोजपुरी के साथ

03:30 PM Feb 15, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

वाराणसी के ज्ञानवापी परिसर स्थित व्यास जी तहखाना में पूजा अर्चना मामीला में इलाहाबाद हाईकोर्ट में सुनवाई पूरा हो गइलऽ हालांकि अदालत आज फैसला नइखे सुनवले ।कोर्ट आपन फइसला रिजर्व कर लेलखऽ । बता दी के आज कोर्ट में दू पक्ष के सुनवाई भइल, दूनो पक्ष कोर्ट में आपन बात रखsलखs । इल्हाबाद हाई कोर्ट आपन फैसला के सुरक्षित कर के रख देलसs।

Advertisement

 सबसे पहिले एएसआई सर्वे भइल रहे,हिंदू पक्ष आपन याचिका दायर कइले, ओकरा बाद तहखाना के खोल देवलs गइलs, जहवा हिंदू समुदाय के पूजा के अधिकार मिललs। उहवा अब नियमित पूजा पाठ चले लागsल रहे एही बीच कोर्ट के भी रुख कइलs गइल आ कोर्ट में दू मामिला पे सुनवाई भइल आ आज कोर्ट आपन फैसला के सुरक्षित रख देलसs। एही ममिला में मुस्लिम पक्ष द्वारा भी कोर्ट के रुख कइलs गइलs रहे। हालांकि अदालत आज आपन फ़ैसला नइखे सुनवले।

हिंदू पक्ष के तरफ से सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ अधिवक्ता सीएस बैधनाथन एह पs बहस कइले, लमसम ४० मिनट ले उs आपन दलील पेश कइले , उहा के कहनी की ज्ञानवापी के दाहिना अलंग तहखाना बा जहवां हिंदुवर्ष १९९३ तक ले पूजा करतs रहे लोग। ऑर्डर 40 वन रूल सीपी सी के तहत वाराणसी कोर्ट में डीएम के रिसीवर नियुक्त कइलs गइलs।

इ फ़ैसला केहू तरह से मुस्लिम समुदाय के प्रभावित नइखे करतs। हिंदू पक्ष के वकील कहले की जब वाराणसी के डीएम के रिसीवर नियुक्त कइलs गइलs तs उs कोर्ट के आदेश के अनुपालन कइले। बैदनाथन कहलेे की वाराणसी जिला कोर्ट विधिवत् पूजा के आदेश देले बा।

एकरा बाद मुस्लिम पक्ष के सीनियर एडवोकेट सैयद फरमान अहमद नकवी आपन बहस शुरू कइले, १५२ सीपीसी के हिंदू पक्ष सही से पेश नइखे कइले।

हालाकि कोर्ट अपना फैसला के सुरक्षित कर देलेे बा तs देखे के इ बा की केकरs बात में दम बा। बता दी की सर्वे के जरिए जवन भी सबूत जइसे स्वास्तिक मिललs बा इ हिंदू पक्ष के मजबूत करार देतs बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो एह पs खुल के बयान देत नज़र आ रहलs बानी ।हाले में विधान सभा में रउवा उनका के सुनले होखेम की," आखिर दिक्कत का बा बस तीन हमनी के दे दी " तीन से उनकर माने रहे ; मथुरा ,काशी ,अजोध्या । जेह में अयोध्या राम मंदिर निर्माण हो गइलs बा।

इ मामिल खाली कोर्ट के ना यूपी सियासत के भी गरमा देवे ले ,हर राजनीतिक दल आपन आपन फायदा देखे लगेला।

Tags :
Allhabad HighcourtBhojpuri breaking newsBhojpuri NewsBig Updates Big BreakinggyaanwyapiHighcourt OrderKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpurivaransi news
Advertisement
Next Article