टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हमीरपुर: गांव के लोग सियार के पीट-पीटके मार डलले, 6 गो लोग घायल

02:07 PM Sep 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
हमीरपुर में ग्रामीण कुल मिल के सियार के मार डलले: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

उत्तर प्रदेश के कई जिला में बाघ, तेंदुआ, भेड़िया जईसन भयावह जंगली जानवर के आतंक जारी बा। एही बीच हमीरपुर में एगो सियार घर में घुस के एगो परिवार पs हमला कs देलस। एह हमला में आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. हमला से नाराज गांव के लोग सियार के घेर के लाठी से पीट-पीट के मार देले।

पूरा मामला जिला के जलालपुर थाना के बिलपुर गांव के बा, जहां काल्हु सबेरे जंगल से निकल के एगो सियार मानव आवास में घुस गईल। ई सियार एगो घर में घुस के आधा दर्जन लोग के काट के घवाहिल कs दिहलस। घाही में एक महिला अवुरी पांच पुरुष शामिल बाड़े, जवना के इलाज खातीर सरकारी अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

एs मामिला में हमीरपुर के डीएफओ अनिल श्रीवास्तव बतवले कि एगो सियार (गीदड़) भटक के गांव में पहुंचल बा। संभव बा कि ऊ डर से भा आत्मरक्षा में गाँव के लोग पs हमला कइले होखे. एह हमला में कुछ लोग घवाहिल हो चुकल बा. फिलहाल वन विभाग के टीम के मौका पs भेज दिहल गईल बा। जांच रिपोर्ट मिलला के बाद सच्चाई सामने आई।

संगही जलालपुर थाना प्रभारी उमाशंकर बतवले कि काल्ह सांझ ले सियार हमला के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल तs जदी सोझा आईल तs जांच होई। हालांकि बुंदेलखंड के जंगल में सियार बहुत संख्या में पावल जाले, जवन कबो-कबो इंसान पs हमला करेले।

उल्लेखनीय बा कि बहराइच के 35 गांव के लोग भेड़िया के आतंक के चलते डर से जियत बाड़े। जिला में एह आदमखोर भेड़िया से करीब दस लोग के मौत हो चुकल बा. साथ ही पीलीभीत में बाघ के डर भी बा। सुल्तानपुर जिला में भी भेड़िया देखल गइल बा। एही बीच हमीरपुर से आईल खबर सबके चौंका देले बा।

 

 

 

Tags :
BahraichHamirpurJackal's rampage in HamirpurUttar PradeshUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article