टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

घर पs करीं 2 मिनट के ईs टेस्ट, पता चल जाई हार्ट, डायबिटीज आ ब्लड प्रेशर के बीमारी

01:01 PM Jan 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

हाले में एगो स्टडी आइल रहे जेकरे मोताबिक 'हैंड ग्रिप स्ट्रैंथ' से राउर सेहत के हाल पता चलेला। ईs टेस्ट काफी इम्पोर्टेंट बायोमार्कर बा। एकरे खातिर बकायदा एगो 'लो कटऑफ' फिक्स क‌इल ग‌इल हs जेमें महिला के खातिर 18 KG तs पुरुषन खातिर करीब 28 किलोग्राम वजन निर्धारित क‌इल ग‌इल। अगर एसे कम हैंड ग्रिप होला तs समझी कि रेड जोन में बानी। स्टडी के मुताबिक अगर रउआ कर ग्रिप कमजोर बा तs ई कमजोर बोन्स आ मसल्स के निशानी हs , लेकिन एगो सिग्नल इहो हs की एकर वजह मोटापा हs। जोन जल्दीए ही टाइप टू डायबिटीज, हार्ट प्रॉब्लम, किडनी-लिवर के परेशानी के वजह बन सकेला। कहे के मतलब ई हs कि पहिले हैंड ग्रिप टेस्ट करीं आ अगर रिजल्ट 'लो कटऑप' के नीचे बा, तs तुरंत हेल्थ चेकअप करवाई।

Advertisement

'वर्ल्ड ओबेसिटी एटलस' इs कहेला कि अगर लोग वजन कंट्रोल पs ध्यान नाहीं दिहल तs अगिले 10 साल में दुनिया के आधी आबादी ओवरवेट हो सकेला। 'इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक' ने ओबेसिटी के क्रॉनिक बीमारी कs कैटेगरी में डाल दिहल बा। जब तमाम रिसर्च इs कहत बा तs मोटापा कम करल बनेला । पहिले जान लेंई आपन हैंड ग्रिप टेस्ट से सेहत के हाल।

घरे पs क‌इसे करीं हैंड ग्रिप टेस्ट

एकरे खातिर आप कईगो तरीका अपना सकेनी। मार्केट में हैंड ग्रिप टेस्ट मीटर मिलेला ।अगर आप घरे में टेस्ट करत बाड़ी तs केहू जार के टाइट ढ़क्कन के खोलले के कोशिश करीं। आसानी से खुल जाई तs ठीक बा नाहीं तs दिल के सेहत खराब हो सकेला । एकरे अलावा आप निर्धारित वजन अपिने हाथे से उठ‌उलें के कोशिश करीं। आप चाहीं तs एगो एप्पल हाथे में लें आ ओके हाथे से दबावत क्रश करे के कोशिश करीं। एगो अउर तरीका बा कि आप दु बाल्टी में बराबर पानी भर लेंईं आ फेर दुनों हाथे से उठा के एकर बैलेंस बना के चलीं।

लाइफस्टाइल क‌इसे बदलीं?

•वजन ना बढ़े देंईं।

•स्मोकिंग छोड़ीं।

•समय पs सुतीं।

•8 घंटा क नींद लेंईं।

•बीपी-शुगर चेक कराईं।

•वर्कआउट करीं।

•मेडिटेशन करीं।

खराब लाइफस्टाइल

•फास्टफूड

•कार्बोनेटेड ड्रिंक

•मानसिक तनाव

•वर्कआउट के कमी

•दवा के साइड इफेक्ट

•नींद के कमी

मोटापा घट‌वलें के रामबाण उपाय 

•सुबेरे नींबू-पानी पीं।

•लौकी के सूप-जूस लेंईं।

•ख‌इले से पहिले सलाद खाईं।

•राती में रोटी-चावल खाए से बचीं।

•डिनर 7 बजे से पहिले करीं।

•ख‌इलें के 1 घंटे बाद पानी पी।

महिला लो बदल देइ ईs आदत

•बासी खाना ना खांई।

•ब्रेकफास्ट जरूर करीं।

• दुपहिया में आराम करीं।

•बीमारी के इग्नोर ना करीं।

• आपन ख्‍याल रखीं।

वजन होई कंट्रोल करीं ईs बदलाव

•लिफ्ट के जगही सीढ़ि चढ़ीं।

•बेर-बेर कॉफी-चाय ना पीं।

•भूख लगले पs पहले पानी पीं।

•ख‌इले-सुतलें में 3 घंटा के गैप रखीं ।

 

 

 

Tags :
HealthHeartRamdevYoga
Advertisement
Next Article