टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Hardik Pandya: नताशा से अलग होखे आ कप्तानी से दरकिनार करे जाए बाद सामने अइलें हार्दिक, जीवन पऽ देले इ बयान

10:19 AM Jul 21, 2024 IST | Sonu Kishor
PM meets the Players of T 20 World Cup winning team at 7, Lok Kalyan Marg, in New Delhi on July 04, 2024.
Advertisement

हो सकेला कि हार्दिक कप्तान पद खातिर नयका कोच गौतम गंभीर के पसंद ना रहल होखस बाकिर एक समय मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर उनका के देश के अकेला प्रतिभाशाली पेस बॉलिंग ऑलराउंडर बतवले रहले। अब हार्दिक 27 जुलाई से शुरू होखे वाला श्रीलंका के खिलाफ टी-20 सीरीज में खेलत लउकीहें।

Advertisement

श्रीलंका दौरा खातिर टीम के एलान के बाद से हार्दिक पांड्या सुर्खियन में बाड़े। हालांकि शनिचर के आपन स्पोर्ट्स एपरेल ब्रांड के लॉन्चिंग करत उऽ पहिला बेर जनता के सोझा देखाई देले। पत्नी नताशा स्टेकोविच से अलगा होखला आ टी-20 के कप्तान पद से बाहर रहला के बाद ई उनकर पहिला सार्वजनिक मैच रहल। उऽ सुखद मुस्कान के संगे फिटनेस के बात करत देखाई देले। हालांकि नताशा आउर कप्तान के मामला पs उऽ कवनो बयान ना देले। पिछला साल के एकदिना विश्व कप आ एह साल के टी-20 विश्व कप में उपकप्तान रहल पांड्या के रोहित के टी-20 इंटरनेशनल से संन्यास लिहला के बाद कप्तान बने के सबसे बड़का दावेदार मानल जात रहे। हालांकि अब सूर्यकुमार कप्तान के रूप में देखाई दिहें।

पांड्या शनिचर के दिने फिटनेस छोड़ के ओह मुद्दा पs चुप्पी साध लिहले जवना चलते उनकर जिनिगी सुर्खियन में बा। फिलहाल उनका सोझा मैदान के भीतर आ बहरी बहुत चुनौती बा, लेकिन उनकर चेहरा पs एह चुनौती के झुर्री नइखे देखाई देत जवना के उऽ बढ़िया से छिपा देले बाड़े।  पांड्या कहले कि जब हमनी के देह ना थके तऽ मन थक जाला। जिनिगी में कतना बेर जब हम आपन लक्ष्य के धक्का दे पवनी तबे जब मन थक गइल, बाकिर हम अपना देह से कहत रहनी कि आगे बढ़त रहे।

पंड्या कहलें कि जदि हम आ रउआ 20-20 प्रयास करब तऽ दुनो में कवनो फर्क नइखे। बाकिर जदि हम 25 गो कोशिश करब आ अपना के चुनौती देब तऽ अगिला बेर 25 गो कोशिश करब। तब अगिला बेर 30 गो कोशिश करब। हालांकि विडंबना ई बा कि फिटनेस के चिंता के चलते उनकर कप्तान बने के संभावना कम हो गइल। फिटनेस के चलते उऽ खेल के तीनों फॉर्मेट में ना खेल पवले आ सीमित ओवर के मैच खास कर के एक दिन में बहुते गेंदबाजी ना कर पवले।

एह महीना के शुरुआत में हार्दिक टी-20 विश्व कप जीते वाली टीम का साथे खुला बस में जश्न मनवले। बाकिर कुछ हफ्ता में उनका कुछ जरूरी चीज़ के नुकसान हो गइल। भारत के टी-20 विश्व कप के उपकप्तान पांड्या के रोहित शर्मा के जगहा के रूप में देखल जात रहे। बाकिर कप्तान के भूमिका से हटावे के खबर उनका तलाक के घोषणा के संगे आइल, बाकिर एहऽ सभ के कवनो असर पांड्या पs ना भइल।

30 वर्षीय पांड्या कहले, ' कबो - कबो अपना दिमाग के बिना विचारों के राखल बहुत महत्वपूर्ण हऽ। जब हमार ट्रेनर हमरा मे 10 पुश अप करे खातिर कहेले तऽ हम हमेशा 15 पुश अप करेनी। एकरा से हमार स्टैमिना बढ़ले आ हमरा बुझाला कि हर कोई के फिटनेस यात्रा शुरू करे के चाहीं , ओकरा एपर ध्यान केंद्रित करे के चाहीं।'

हार्दिक कहले कि, 'बात इ बा कि कबो-कबो इ बहुत जरूरी होखेला कि आपके दिमाग के इहो साफ कइल जा सकता कि आपके शरीर में जतना कुछ सोच सकऽतानी ओकरा से जादे बा।' रोज अपना बाधा से आगे बढ़े के शुरू करीं काहे कि इंसान के शरीर भगवान के अतना प्यारा रचना हऽ कि आदमी जवन चाहऽता ओकरा में ढाल जाई, बस तनी मेहनत करे के पड़ेला।'

Tags :
cricket newshardik pandyaHardik Pandya in matchKhabar Bhojpuri NewsNatasha-Hardik
Advertisement
Next Article