टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Harry Potter फेम एक्ट्रेस मैगी स्मिथ 89 के उमिर में कइली एह दुनिया के अलविदा

09:10 AM Sep 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Harry Potter फेम एक्ट्रेस मैगी स्मिथ के निधन: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

हैरी पॉटर आ डाउनटन एबी में अपना भूमिका से दुनिया भर के प्रशंसकन के दिल पs राज करे वाली हॉलीवुड अभिनेत्री डेम मैगी स्मिथ के 89 बरीस के उमिर में निधन हो गइल बा. ब्रिटिश फिल्म मंच आ परदा पs गहिराह छाप छोड़े वाली मैगी स्मिथ अपना फिल्मी कैरियर में बहुते पुरस्कार जीत चुकल रहली.

मैगी स्मिथ के मउत के लेके उनुकर बेटा एगो आधिकारिक बयान जारी कईले बाड़े। उनुकर बेटा टोबी स्टीफंस अवुरी क्रिस लार्किन कहले कि, 'बहुत दुख के संगे हमनी के डेम मैगी स्मिथ के निधन के बारे में बतावत बानी जा ।'

मैगी स्मिथ के फिल्मी कैरियर

डेम मैगी के फिल्मी कैरियर आठ दशक ले लोग के दिल पs राज कइल. उनकर एह काम के पहिला बेर पहचान तब मिलल जब 1958 में उनुका पहिला बेर बाफ्टा नॉमिनेशन ‘नोव्हेयर टू गो’ खातिर मिलल. 1963 में लॉरेंस ओलिवियर द्वारा नेशनल थियेटर में ओथेलो में डेसडेमोना के भूमिका के ऑफर दिहल गइल। दू साल बाद जब एs के फिलिम बनावल गइल तs मैगी स्मिथ के पहिला बेर ऑस्कर नामांकन मिलल. मैगी स्मिथ के 1970 में द प्राइम ऑफ मिस जीन ब्रॉडी आ 1979 में कैलिफोर्निया सूट खातिर ऑस्कर से सम्मानित कइल गइल बा। एतने ना उनुका के सात गो बाफ्टा अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. अपना करियर के अंत में भी मैगी स्मिथ अभिनय के शौक ना छोड़ली। 2023 में रिलीज भइल ‘द मिरेकल क्लब’ में उनुकर अहम भूमिका रहल.

 

Tags :
harry potter actress dies at 89hollywood actress dieshollywood actress maggie smith deathHollywood newsMaggie Smithmaggie smith famous rolesmaggie smith films
Advertisement
Next Article