टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND vs BAN: डेब्यू कइला से चूकलें हर्षित राणा, मैच से पहिले भइलें बेमार; IPL में KKR के होई करोड़न के फायदा!

08:08 PM Oct 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बांग्लादेश के खिलाफ आखिरी टी20I मैच से पहिले एगो बड़ खबर सामने आइल। टीम इंडिया के तेज गेंदबाज हर्षित राणा के अचानक तबीयत खराब हो गइल। एकरा चलते ऊ एह मुकाबला खातिर मैदान तक ना पहुंच सकलें। अइसन उम्मीद कइल जात रहे कि आज ऊ आपन डेब्यू कs सकत रहलें। बीसीसीआई उनकर बेमार होखे के पुष्टि कइलें।

Advertisement

भारत आ बांग्लादेश के बीच 3 मैच के टी20I सीरीज के तीसरका आ आखिरी मैच हैदराबाद के राजीव गांधी इंटरनेशनल स्टेडियम में आयोजित होई। एह मुकाबला में टीम इंडिया के कप्तान सूर्यकुमार यादव टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलें। एही बीच टीम इंडिया के खेमा से जुड़ल एगो बड़ खबर सामने आइल। हर्षित राणा के अचानके तबीयत खराब हो गइल। ऊ मैदानो तक ना पहुंच सकलें।

बीसीसीआई कइलस पुष्टि

बीसीसीआई एक्स हैंडल पs हर्षित राणा बेमार होखे के पुष्टि कइलस। बीसीसीआई लिखलस कि वायरल इंफेक्शन के चलते सीरीज के आखिरी मैच खातिर ऊ टीम के संगे मैदान पs ना पहुंचलें। ऊ आखिरी टी20I मैच में चयन खातिर  उपलब्ध ना रहलें। बता दीं कि हर्षित राणा पिछलका कुछ सीरीज से टीम इंडिया में चुनल जात रहल बाड़ें, बाकिर उनका अभी ले डेब्यू के मवका नइखे मिलल। अइसन में मानल जात रहे कि ऊ एह मैच में डेब्यू कs सकत बाड़ें, बाकिर ऊ एक बेर फेर टीम इंडिया खातिर डेब्यू करे से चूक गइलें।

अनकैप्ड खिलाड़ी रहिहें हर्षित राणा

हर्षित राणा अभियो एगो अनकैप्ड खिलाड़ी बाड़ें। आईपीएल ऑक्शन से पहिले जारी होखे वाला रिटेंशन लिस्ट तक उनकर डेब्यू होखल अब ना के बराबर बा। अइसन में हर्षित राणा आईपीएल के अगिलो सीजन में अनकैप्ड खिलाड़ी के तौर पs खेलते दिखाई दे सकत बाड़ें। आईपीएल के नया नियम के तहत, अनकैप्ड खिलाड़ी के रिटेन करे खातिर टीम के 4 करोड़ रुपिया खर्च करे के होई। अइसन में कोलकाता के टीम उनका के आवे वाला सीजन खातिर बतौर अनकैप्ड खिलाड़ी रिटेन कs सकत बा लो।

दुनो टीमन के प्लेइंग इलेवन

भारत:- संजू सैमसन (विकेटकीपर), अभिषेक शर्मा, सूर्यकुमार यादव (कप्तान), नीतीश रेड्डी, हार्दिक पांड्या, रियान पराग, रिंकू सिंह, वॉशिंगटन सुंदर, वरुण चक्रवर्ती, रवि बिश्नोई, मयंक यादव।

बांग्लादेश:- परवेज हुसैन, लिटन दास (विकेटकीपर), नजमुल हुसैन शांतो (कप्तान), तंजीद हसन, तौहीद हृदोय, महमुदुल्लाह, मेहदी हसन, तस्कीन अहमद, रिशाद हुसैन, मुस्तफिजुर रहमान, तंजीम हसन साकिब।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsHarshit RanaHarshit Rana IllnessIND Vs BANThird T20IUncapped Player
Advertisement
Next Article