टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हरियाणा में वोटिंग से पहिले ही कांग्रेस प्रत्याशी पs ED के शिकंजा, करोड़न के संपत्ति जब्त

10:39 AM Sep 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
कांग्रेस प्रत्याशी राव दान सिंह पs ईडी के कार्रवाई: फोटो
Advertisement

अब हरियाणा विधानसभा चुनाव में वोटिंग शुरू होखे में अबहीं महज 7 दिन बाचल बा. भाजपा आ कांग्रेस समेत सगरी राजनीतिक दल अपना अपना चुनाव प्रचार में लागल बाड़े. हालांकि चुनाव प्रचार के बीच के प्रवर्तन निदेशालय यानी ED कहलस कि मनी लांड्रिंग मामला के जांच करत कांग्रेस विधायक राव दान सिंह अवुरी कुछ अवुरी लोग से जुड़ल 44 करोड़ रुपिया से जादे के संपत्ति जब्त कs लेले बा। बा।

Advertisement

राव दान सिंह के हवें?

बता दीं कि 65 साल के राव दन सिंह महेंद्रगढ़ विधानसभा सीट से कांग्रेस विधायक हउवें. उs चार बेर के विधायक अवुरी व्यापारी बाड़े। राव लोकसभा चुनाव भी भिवानी-महेन्द्रगढ़ सीट से लड़ले रहले, बाकिर चुनाव भाजपा के धरमबीर सिंह से हार गईले। कांग्रेस फेरु से उनुका के महेन्द्रगढ़ से आवे वाला विधानसभा चुनाव खातिर टिकट दे दिहलस. बता दीं कि महेन्द्रगढ़ समेत हरियाणा के सगरी विधानसभा सीट पs 5 अक्टूबर के एके साथ मतदान होखे जा रहल बा. जबकि मतदान के नतीजा 8 अक्टूबर 2024 के सामने आई।

पूरा मामिला का बा?

असल में ई मनी लांड्रिंग केस सीबीआई के ओर से एलाइड स्ट्रिप्स लिमिटेड नाम के कंपनी के खिलाफ 1392.86 करोड़ रुपिया के कथित बैंक लोन धोखाधड़ी के मामला में दर्ज मामला में दर्ज मामिला पs आधारित बा। एजेंसी के दावा बा कि राव दान सिंह से जुड़ल संस्था के एs कथित बैंक लोन धोखाधड़ी के माध्यम से कमाईल पईसा से 19 करोड़ रुपिया मिलल। ईडी कहले कि, राव दान सिंह अवुरी उनुकर परिवार के लोग अबे ले जांच में शामिल नईखे भईल।

 

 

 

 

 

 

 

 

 

 

 

Tags :
CongressEnforcement DirectorateHaryana Assembly Election 2024Haryana Assembly Poll
Advertisement
Next Article