टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राहुल गांधी से मिलले बजरंग पूनिया आ विनेश फोगाट, हरियाणा में बढ़ल हलचल

12:17 PM Sep 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
बजरंग पूनिया ae विनेश फोगाट, राहुल गांधी के साथे
Advertisement

 

Advertisement

हरियाणा चुनाव 2024 के बिगुल बाजल बा। भाजपा, कांग्रेस,जजपा समेत सभ राजनीतिक दल चुनाव के तैयारी तेज कs देले बाड़े। भाजपा जहां लगातार तीसरा बेर सरकार बनावे के दावा करतिया, उहें कांग्रेस भी जीत के दावा करतिया। एही बीच अब कांग्रेस खेमा से एगो बड़ खबर आईल बा। असल में पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कांग्रेस सांसद राहुल गांधी से भेंट कइले बाड़न.

का विनेश-बजरंग चुनाव लड़िहें?

असल में हरियाणा विधानसभा चुनाव के लेके कांग्रेस पार्टी में उम्मीदवार के नाम अवुरी टिकट बंटवारा पs चर्चा चलता। हालही में हरियाणा कांग्रेस प्रभारी दीपक बाबरिया से विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कe बारे में पूछताछ कइल गइल. बाबरिया कहले बाड़न कि विनेश फोगाट भा बजरंग पुनिया के नाम ओह 32 गो उम्मीदवारन में नइखे जवना के नाम तय हो चुकल बा. उs कहले रहले कि जल्दिए एs मामला में स्पष्टता आई।

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी से भेंट कइला के बाद पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया भी कांग्रेस पार्टी के महासचिव केसी वेणुगोपाल से भेंट करे आइल बाड़े. बता दीं कि एह से पहिले विनेश फोगाट भी शंभू सीमा पs विरोध करे वाला किसानन से मिले आइल रहली. एह बात के अटकल लगावल जा रहल बा कि हरियाणा विधानसभा चुनाव में कांग्रेस पार्टी विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के उम्मीदवार बना सकेले.

 

 

Tags :
Assembly Election 2024Bajrang PuniaHaryana Assembly Election 2024Rahul gandhiVinesh Phogat
Advertisement
Next Article