टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Haryana ED Raid: टैक्सी ड्राइवर के घर पS ED के छापा , पूरा कालोनी स्तब्ध बा, हर कोई के मुंह पs एके बात

07:39 AM Aug 03, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

फर्जी क्रिप्टो मुद्रा से जुड़ल मामला में ईडी शुक्रवार के हरियाणा अउरी जम्मू कश्मीर में छापामारी कइले बिया। ईडी के अधिकारी टीम के संगे सोनीपत स्थित टैक्सी चालक के आवास पS पहुंचल रहले।

Advertisement

प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) फर्जी क्रिप्टो मुद्रा केस में देश में पहिला मामला दर्ज करवले बा। एकरा बाद शुक्रवार के ईडी टीम हरियाणा आ जम्मू कश्मीर के दु जगह पS छापामारी कइलस। एही क्रम में ईडी के अधिकारी हरियाणा के सोनीपत के मयूर विहार गली नम्बर-24 में एगो घर पs पहुंचले। ई घर कवनो व्यापारी के ना हs, बलुक गोहाना के लाठ गाँव के रहे वाला टैक्सी चालक रमेश गुलिया के हs । ए कार्रवाई के बाद इलाका में चर्चा होखता कि ईडी के अधिकारी इहाँ काहें पहुंचल रहले, जबकि रमेश गुलिया टैक्सी चालक हवे।

जानकारी के मुताबिक ईडी टीम टैक्सी चालक रमेश गुलिया के घरे डेरा डाल के पूछताछ कइलस। बतावल जाता कि रमेश गुलिया दिल्ली में टैक्सी ड्राइवर के काम करेले आ उनकर भाई विदेश में रहेले। रमेश के भाई दुबई में क्रिप्टो करंसी में काम करत रहले। हालांकि अभी तक ईडी के ओर से ए मामला में कुछूओ नइखे भइल।

आवास के बहरी तैनात पुलिस बल

शुक्रवार के रमेश के आवास के बहरी पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा, जबकि दूसरा ओर रमेश के गांव के निवासी इडी के जाए के इंतजार करतारे। रमेश के परिचित जरनैल सिंह के कहनाम बा कि सबेरे उनकर भाई उनका के बतवले रहले कि कुछ अधिकारी कई गाड़ी से इहाँ पहुंचल रहले आ जब उनका से बात भइल तs ऊ ईडी विभाग से आपन परिचय दे देले। ऊ बतवले कि रमेश गुलिया टैक्सी चालक हवे आ ऊ दिल्ली में टैक्सी चलावेले।

Tags :
Bhojpuri khabarCryptocurrencyDirectorate of enforcementEdHARYANAJammu Kashmir newsKhabar Bhojpur NewsSonipat
Advertisement
Next Article