For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Haryana Election: बीजेपी में टिकट बंटवारा पऽ मंथन जारी

09:51 AM Aug 30, 2024 IST | Sonu Kishor
haryana election  बीजेपी में टिकट बंटवारा पऽ मंथन जारी
हरियाणा में जलदिए जारी हो सकत बा बीजेपी के उम्मीदवारन के सूची। फाइल फोटो
Advertisement

भाजपा जल्दिए हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के सूची जारी करे वाली बिया। हालांकि पार्टी के बइठक बियफे के भइल रहे, बाकिर अबही तक एकर कवनो घोषणा नइखे भइल। दूसर ओर बहुत उम्मीदवार दावा करतारे कि उनकर टिकट कन्फर्म हो गइल बा। एकरा चलते उनका समर्थकनो में पूरा उत्साह देखाई देता।

Advertisement

हरियाणा विधानसभा चुनाव के टिकट बाँटे के लेके भारतीय जनता पार्टी के केंद्रीय कार्यसमिति के बइठक तऽ खतम तक ना भइल रहे कि दावेदार अपना समर्थकन के फोन करे लगले।

बियफे के सांझ भाजपा विधानसभा चुनाव के टिकट वितरण के संबंध में केंद्रीय चुनाव समिति के बइठक भइल। एह बइठक में केकर टिकट तय भइल अबहीं ले केहू के पता नइखे।

एकरा संगे-संगे टिकट खाती आपन दावा जमा करेवाला लोग, राते में अपना समर्थकन के फोन कऽ के कहे लगले कि टिकट मिल गइल बा। अब चुनाव के तइयारी शुरू कर दीं।

तइयारी खातिर दिल्ली से फोन आइल

दिल्ली से चुनाव लड़े खातिर तइयारी करे के फोन आइल बा। हालांकि टिकट के घोषणा के लेके अबही ले कवनो अपडेट नइखे मिलल।

दावेदारन के कहनाम बा कि आजु ओह लोग के नाम एह सूची में आ जाई। केकर नाम आवे के बा, ई त लिस्ट अइला के बादे पता चली। समर्थकन में पूरा उत्साह देखल जा सकेला काहे कि उऽ लोग अपना अपना उम्मीदवारन के टिकट मिल के खुश बा।

Tags :
Advertisement