For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हाथरस हादसा: घटना के बाद संत प्रेमानंद रात के पदयात्रा कइलें बंद, कहलें - रास्ता में ना होखीं खड़ा, नाहीं भीड़ लगाई

10:27 AM Jul 05, 2024 IST | Sonu Kishor
हाथरस हादसा  घटना के बाद संत प्रेमानंद रात के पदयात्रा कइलें बंद  कहलें   रास्ता में ना होखीं खड़ा  नाहीं भीड़ लगाई
Advertisement

हाथरस हादसा के बाद संत प्रेमानंद महाराज रात के पदयात्रा बंद कऽ देले बाड़न। लोगन से अपील कइलें कि रास्ता में ना खड़ा होखीं, नाहीं भीड़ लगाई।

Advertisement

हाथरस में सत्संग स्थल पs भइल भगदड़ के घटना के बाद वृंदावन के संत प्रेमानंद महाराज अब रात के समय सड़क पs अनिश्चित काल खातिर भक्तन से ना मिलिहें। उऽ भक्तन से रात्रि के समय संत दर्शन खातिर रास्ता में खड़ा ना होखे आ भीड़ लगावे से मना कइले बाड़न।

संत प्रेमानंद के रमणेरती क्षेत्र इस्थित श्रीहित राधा केली कुंज आश्रम से जारी पत्र में कहल गइल बा कि हाथरस में भइल घटना दुर्भाग्यपूर्ण बा आ ह्रदय विदारक बा। एमें हमनीं सब के संवेदना उनका परिजन के साथे बा। उऽ ठाकुरजी से प्रार्थना कइलें कि भविष्य में अइसन कवनो घटना ना घटे।

उऽ अपना अनुयायियन के संदेश देले कि हाथरस के घटना के देखत सावधानी के तौर पs संत प्रेमानंद महाराज अपना छटीकरा मार्ग इस्थित निवास स्थान से रात 2.15 बजे से पद यात्रा करत अपना आश्रम श्रीहित राधा केलि कुंज जात रहलें। एह दौरान श्रद्धालु उनकर दर्शन करत रहलें। उऽ अनिश्चित काल खातिर बंद कऽ दिहल गइल बा। उऽ श्रद्धालुन के संदेश देले कि उऽ रात में रास्ता में दर्शन खातिर खड़ा ना होखस आ नाहीं रास्ता में कवनो प्रकार के भीड़ लगावस।

Tags :
Advertisement