For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हाथरस के सांसद राजवीर दिलेर के हृदय गति रुकला से मौत, घरे अचानक हो गइल रहलें बेहोश

06:56 PM Apr 24, 2024 IST | Sonu Kishor
हाथरस के सांसद राजवीर दिलेर के हृदय गति रुकला से मौत  घरे अचानक हो गइल रहलें बेहोश
Advertisement

अलीगढ़। उत्तर प्रदेश के हाथरस जिला के सांसद राजवीर दिलेर के बुध के हृदय गति रुकला से मौत हो गइल उनका निधन के खबर से परिवार आ समर्थकन में शोक के लहर बा। प्राप्त जानकारी के अनुसार सांसद अलीगढ़ स्थित अपना आवास पऽ रहलें तबे अचानक बेहोश हो गइले। आनन फानन में लोग उनका के अस्पताल लेके पहुंचल जहां डाक्टर मृत घोषित कर देलस।

राजवीर सिंह दिलेर 2019 में हाथरस लोकसभा सीट से 2.60 मत से जीतल रहले। 2024 चुनाव में पार्टी उनकर टिकट काट देले रहे। उनका जगही पऽ राजस्व राज्य मंत्री अनूप वाल्मीकि के प्रत्याशी बनावल गइल बा। टिकट कटला के बादो राजवीर सिंह दिलेर लगातार पार्टी खातिर काम करत रहले।

हाथरस आ अलीगढ़ के कार्यक्रम में शामिल होखत रहले। दू दिन पहिले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अलीगढ़ में जनसभा में उऽ मंच पऽ रहले। राजवीर सिंह दिलेर के पिता किशनलाल दिलेरो भाजपा के दिग्गज नेता रहले। उऽ लगातार पांच बेर विधायक आ चार बेर सांसद रहले। राजवीर दिलेर के निधन के खबर से क्षेत्र में शोक के लहर दउड़ गइल।

Tags :
Advertisement