For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी में वोट देबे से पहिले कवन खेला हो गइल ? अखिलेश के राजा भईया के समर्थन मिलल, पूर्वांचल में केतना असर होई

01:32 PM May 23, 2024 IST | Raj Nandani
यूपी में वोट देबे से पहिले कवन खेला हो गइल    अखिलेश के राजा भईया के समर्थन मिलल  पूर्वांचल में केतना असर होई
Advertisement

पछिला कुछ दिन से एनडीए नेता राजा भईया पs हमला होखत देखाई देता, जवना में केंद्रीय मंत्री अनुप्रिया पटेल आ रामदास आठवले शामिल बाड़े। अनुप्रिया पटेल कौशाम्बी आ प्रतापगढ़ में प्रचार करत समय राजा भईया पs हमला कइले रहली।

Advertisement

एक ओर लोकसभा चुनाव अंतिम दौर में बा। दूसर ओर उत्तर प्रदेश के राजनीति अउरी रोमांचक हो रहल बा। प्रतापगढ़ जिला के कुंडा से विधायक आ यूपी के राजनीति में बरियार प्रभाव राखे वाला जनसत्ता दल (डेमोक्रेटिक) के मुखिया रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भैया आखिरी कदम उठवले बाड़न आ मिर्जापुर लोकसभा सीट से समाजवादी पार्टी के समर्थन करे के एलान कइले बाड़न । मानल जाता कि राजा भईया के ए घोषणा से मिर्जापुर सीट पs भारतीय जनता पार्टी के ना सिर्फ नुकसान होई बलुक पूर्वांचल के बहुत सीट पs ओकरा घाटा होखे के पड़ सकता। जवना सीट में भाजपा के नुकसान हो सकेला अब ओह सीट पर प्रतापगढ़, जौनपुर, मिर्जापुर आ इलाहाबाद के सीट शामिल बा ।

दरअसल पछिला कुछ दिन से एनडीए नेता राजा भईया पs हमला होखत देखाई देता, जवना में केंद्रीय मंत्री अनुप्रिया पटेल आ रामदास अथवले शामिल बाड़े। अनुप्रिया पटेल कौशाम्बी आ प्रतापगढ़ में प्रचार करत समय राजा भईया पS हमला कइले रहली। ऊ कहले रहली कि कुछ लोग कुंडा के आपन संपत्ति मानेला आ ई उनका के सबक सिखावे के सुनहरा मौका बा । पिछला बुध के दिने रामदास अथवले अनुप्रिया पटेल के बयान के जायज ठहरवले रहले आ राजा भैया के निशाना बनवले रहले । अइसने में अटकलबाजी होखत रहे कि राजा भईया के खिलाफ बयानबाजी भाजपा खाती महंगा साबित हो सकता आ अब उहे हाल भइल बा।

बता दीं कि कुछ हफ्ता पहिले राजा भैया आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से मुलाकात भइल रहे । फेर अटकलबाजी भइल कि कहीं भाजपा के राजा भैया के समर्थन मिल जाव । बाकि मुलाकात के कुछ दिन बाद राजा भैया अपना समर्थकन के बीच घोषणा कइले कि ऊ लोग अपना मर्जी के मुताबिक उम्मीदवार के वोट देवे के चाही। राजा भईया के समर्थन मिलल समाजवादी पार्टी खातीर बड़ फायदा से कम नइखे। काहे कि अब यूपी के 27 सीट पर जहाँ मतदान लंबित बा ओहिजा क्षत्रिय मतदाता के बोलबाला बा आ राजा भैया ठाकुरन के बड़का नेता में से एक बाड़े । हो सकता कि राजा भईया के पार्टी लोकसभा के एको सीट पs भी चुनाव ना लड़त होखस। बाकिर चुनावी चरचा में ऊ लगातार रहल बाड़न आ एहसे उनका ताकत के एहसास होखत बा ।

Tags :
Advertisement