For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सत्ता के ललकार के ओकरा के मरे खातिर छोड़ देले रहस', सीएम योगी शिवाजी महाराज के पराक्रम के कइले इयाद

12:23 PM Feb 11, 2024 IST | Sonu Kishor
सत्ता के ललकार के ओकरा के मरे खातिर छोड़ देले रहस   सीएम योगी शिवाजी महाराज के पराक्रम के कइले इयाद
Advertisement

पुणे में गीता भक्ति अमृत महोत्सव के आयोजन कइल गइल रहें। ए महोत्सव में कई गो प्रतिष्ठित साधु-संतो लो शामिल भइल रहें। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो एमें आइल रहऽस।

Advertisement

आयोजन के सीएम योगी कइले संबोधित 

सीएम योगी कार्यक्रम में कहले कि महाराष्ट्र वाला लोग भागसाली बा। इनका लोग के साधु - संतन के आसीरबाद सैकड़न बरिस से मिलतऽ आ रहल बा। "भगती से उपजल इहे शक्ति दुसमन सन के दांत हरमेसा खट्टा करत आइल बा"।  एही बीच में उऽ वेदश्री तपोवन मठ में स्वामी गोविंद देव गिरि जी महाराज से भेंटो कइले। मुख्यमंत्री ए घरी महाराष्ट्र दउरा पऽ बाड़न।

'शिवाजी महाराज पूरा देश में आपन तेज लहऽरवले '

सीएम योगी ने कहले, "समर्थगुरु रामदास जी छत्रपति शिवाजी महाराज के एहिजा से जनमवले रहऽस आ छत्रपति शिवाजी महाराज पूरा भारत के भीतर जवन तेज के लहरवले रहस, उऽ काल खंड के सोंची, औरंगजेब के सत्ता के चुनउऽती देत, औरंगजेब के उऽ मरे आ तड़पे खातिर अइसन छोड़ देले कि आज ले केहू पूछत नइखे। ई एगो वीर आ पराक्रम के धरती हऽ।"

डिप्टी सीएम से कइले भेंट - मुलाकात

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना महाराष्ट्र दउरा पऽ डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीसो से भेंट कइले। एही बीच में दुनु जाना में बातो-चीत भइल।

Tags :
Advertisement