टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गूगल पऽ सर्च करत रहले डॉक्टर के नंबर, खाता से उड़ा देले 30 हजार

09:24 AM Sep 12, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रस्तुती खातिर लगावल गइल फोटो
Advertisement

साइबर अपराधी अब नया रणनीति अपना के लोग के बैंक खाता के निशाना बनावत बाड़े। एह क्रम में एगो आदमी के गूगल पs डाक्टर के नंबर सर्च कइल महँग पड़ गइल आ ओकरा खाता से 30 हजार रुपिया के नुकसान भइल। एतने ना, एगो दोसर तरीका इहो बा कि कबो गैस कनेक्शन काटला के मैसेज भेज के तऽ कबो बिजली के बिल चुकावे के नाम प धोखाधड़ी होखता।

Advertisement

कंकड़बाग निवासी एगो युवक गूगल प एगो निजी अस्पताल के डॉक्टर के नंबर खोजत रहे। उहाँ एगो मोबाइल नंबर मिलल। नंबर डायल कइला के बाद फोन एक रिंग के बाद डिस्कनेक्ट हो गइल। कुछ देर बाद दूसरा नंबर से पीड़ित के लगे फोन आइल।

उऽ लोग इनका के अपना बातचीत में अझुरा के एगो ऐप डाउनलोड करे के कहले। ऐप डाउनलोड कइला के बाद पांच रुपया देवे के कहलस। कुछ समय बाद पीड़िता के मोबाइल प 30 हजार रुपया के दोसरा खाता में ट्रांसफर के संबंध में मैसेज आइल। एकरा बाद उनका बुझाइल कि ऊ धोखाधड़ी के शिकार हो गइल बाड़े।

गैस कनेक्शन काटला के संदेश भेज के खाता से पइसा निकाल रहल बाड़े।

बिजली के बिल चुकावे के नाम प खाता से पईसा चोरी करेवाला साइबर गुंडा अब गैस कनेक्शन काटे के नाम पs लोग के बैंक खाता से पइसा निकालतारे। अइसन धोखा देके बुद्ध कालोनी के निवासी दु लोग के खाता से एक लाख ८१ हजार रुपया के ठगी भइल।

एकरा अलावे साइबर गुंडा क्रेडिट कार्ड अपडेट आ बिजली बिल भुगतान के नाम पs ऐप डाउनलोड कऽ 11 लोग के खाता से 8 लाख रुपया निकाल लेले बाड़े। बुद्ध कालोनी के निवासी एगो युवक के मोबाइल फोन पs अनजान नंबर से मैसेज आइल।

कुछ समय बाद उनका मोबाइल पs 51 हजार रुपया निकाले के मैसेज आइल। तब ओकरा बुझाइल कि उऽ धोखाधड़ी के शिकार हो गइल बाड़े। बोरिंग रोड निवासी लइकी के संगे भी अइसने भइल। ए ऐप डाउनलोड कऽ के उनका से एक लाख 30 हजार रुपया के ठगी भइल।

Tags :
Bihar crime newsbihar newsBIHAR Patna BiharCrime' BiharCyber ​​crimeCyber Crime Police Stationkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPatna bihar
Advertisement
Next Article