टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: जमीनी विवाद में हथौड़ा से मारके माथा फोड़लस- दबंग के रिश्तेदार देखावत रहे पिस्टल- वीडियो वायरल

09:05 AM Sep 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
माथा पs हथौड़ा मारत जुवक।
Advertisement

गोरखपुर। गुलरिहा इलाका शिवपुर सहबाजगंज में सनीचर के सबेरे एगो दबंग विधवा महिला के गेट के हथौड़ा कटर मशीन से काटके गिरा देलस। विरोध कइला पs ओकरा बेटा के हथौड़ा से मारपीट कs के गंभीर रूप से जख्मी कs देलस। आरोप बा कि दबंग के एगो रिश्तेदार पिस्टल दिखाके पीड़ितन के डेरवावत रहे, जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

Advertisement

सूचना पs पहुंचल पुलिस दुनो पक्षन के थाना पs बुलाके ममिला में पूछताछ कs रहल बिया। जानकारी के मुताबिक, गुलरिहा इलाके के पादरी बाजार मुख्य सड़क इस्थित शिवपुर सहबाजगंज निवासी विधवा उर्मिला देवी के जमीन बा। ऊ बतवली कि तीन साल पहिले प्रधानमंत्री आवास योजना के तहत ओकरा आवास मिलल।

घर बनवावल सुरू करवलस तs बगल के एगो मनबढ़ आपन जमीन बता के काम रोक देलस। जवना के लेके कइयन बेर तहसील आ थाना पs प्रार्थना पत्र देलस, बाकिर कवनो कार्रवाई ना भइल। तबे से ओह जमीन के लेके कइयन बेर विवाद हो चुकल बा।

आरोप बा कि सनीचर के सबेरे नव बजे आरोपी अपना रिश्तेदारन के लेके पीड़िता के गेट के कटर मशीन आ हथौड़ा से तुड़वावत रहे। पीड़िता मना कइलस तs ओकर एगो रिश्तेदार कमर से शर्ट उठाके पिस्टल देखाके डेरवावे लागल। विरोध कइला पs आरोपी पीड़िता के बेटा विकास कुमार के ईंटा-डंडा आ हथौड़ा से माथा पs मारके जख्मी कs देलस।

आसपास के लोग बतावल कि आरोपी नगर निगम के जमीन पs आपन दुकान बनवले बा। मुख्य मार्ग पs होखे के वजह से ओह दोकान के कीमत एक करोड़ रुपिया से जादे होई।

साभार: अमर उजाला

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsHead Broken By HammerPistol Shownviral video
Advertisement
Next Article