For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

70 साल से अधिक आयु के सभ वरिष्ठ नागरिकन के स्वास्थ्य कवरेज

09:02 AM Sep 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
70 साल से अधिक आयु के सभ वरिष्ठ नागरिकन के स्वास्थ्य कवरेज
स्वास्थ्य बीमा योजना आयुष्मान भारत: फोटो
Advertisement

Advertisement

केंद्र सरकार बुध के 70 साल से ऊपर के सभ लोग के स्वास्थ्य बीमा योजना आयुष्मान भारत के तहत ले आवे के फैसला कईलस। अब 70 साल अवुरी ओकरा से जादे उमर के सभ लोग के एs योजना के तहत शामिल कईल जाई, चाहे उनुकर आर्थिक स्थिति कवनो होखे।

पांच लाख रुपया के अतिरिक्त कवरेज

मंत्रिमंडल आयुष्मान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना (AB PM-JAY) के तहत 70 साल अवुरी ओकरा से जादे उमर के सभ वरिष्ठ नागरिक के मुफ्त स्वास्थ्य कवरेज के मंजूरी दे देलस। आयुष्मान भारत योजना के तहत बुजुर्ग लोग के पांच लाख रुपिया ले के मुफ्त इलाज के सुविधा मिली। अगर कवनो परिवार आयुषमान में पहिलहीं से शामिल बा आ ओकर सदस्य के उमिर 70 साल से ऊपर बा तs पाँच लाख रुपिया के अतिरिक्त कवरेज मिल जाई. केंद्रीय मंत्रिमंडल आयुष्मान स्वास्थ्य बीमा कवरेज के 70 साल अवुरी ओकरा से जादे उमर के सभ वरिष्ठ नागरिक ले पहुंचावे के मंजूरी दे देले बिया। केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव कहले कि एs कदम से 4.5 करोड़ परिवार के फायदा होई।

एह कवरेज के मकसद 4.5 करोड़ परिवार के छह करोड़ सीनियर सिटीजन के फायदा पहुंचावल बा जवना में पांच लाख रुपया के मुफ्त स्वास्थ्य बीमा कवर दिहल जाई। सरकार कहलस कि एs योजना के तहत पात्र लाभार्थी के एगो नाया अलग कार्ड जारी कईल जाई।

एकर फायदा केकरा मिली?

70 साल से ऊपर के वरिष्ठ नागरिक जे पहिले से ही केंद्र सरकार के स्वास्थ्य योजना (सीजीएचएस), भूतपूर्व सैनिक अंशदायी स्वास्थ्य योजना (ईसीएचएस) अवुरी आयुष्मान केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल (सीएपीएफ) जईसन अवुरी सार्वजनिक स्वास्थ्य बीमा योजना के लाभ पा रहल बाड़े, आ तs आपके मौजूदा योजना के विकल्प चुनीं भा एबी पीएमजेएवाई के विकल्प चुनीं.

दुनिया के सबसे बड़ स्वास्थ्य योजना

साफ कइल गइल बा कि 70 साल आ ओकरा से अधिका उमिर के वरिष्ठ नागरिक जे निजी स्वास्थ्य बीमा पॉलिसी भा कर्मचारी राज्य बीमा योजना के तहत बाड़े ऊ एबी पीएम-जेए के तहत लाभ पावे के पात्र होखीहें. एबी पीएम-जे दुनिया के सबसे बड़ सार्वजनिक वित्त पोषित स्वास्थ्य आश्वासन योजना हs, जवना में 12.34 करोड़ परिवार के 55 करोड़ लोग के 5 लाख रुपिया तक के स्वास्थ्य कवर दिहल जाला।

Tags :
Advertisement