टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर के गगहा में बस आ पिकअप के जोरदार टक्कर : डेढ़ दर्जन यात्री घायल, बस के परखच्चा उड़ल, एगो यात्री गंभीर, जिला अस्पताल रेफर

08:37 PM Mar 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर के गगहा में अतवार के रोडवेज बस आ पिकअप में आमने-सामने के टक्कर हो गइल। ई भिड़ंत एतना तेज रहे कि रोडवेज बस के एक साइड के परखच्चा उड़ गइल। हादसा में बस में बइठल डेढ़ दर्जन यात्री चोटिल हो गइल लो। घटना के बाद सड़क से गुजर रहल राहगीर आ ग्रामीणन के मदद से घायलन के CHC गगहा पहुंचावल गइल। जहां एगो यात्री के गंभीर हालत में डॉक्टर गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कs दिहल लो।

Advertisement

असल में, दोहरीघाट डिपो के बस यात्रियन के लेके गोरखपुर जात रहे। अभी ऊ गगहा ब्लाक मुख्यालय के सामने पहुंचल रहे कि उलटा दिशा से आ रहल पिकअप से बस के भिड़ंत हो गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि बस के एक साइड के परखच्चा उड़ गइल। भिड़ंत के बाद मचल चीख-पुकार सुनके आस-पास के ग्रामीण बस के ओर दउड़ल लो आ घायलन के बाहर निकालल। सड़क से गुजर रहल राहगिरन के मदद से ग्रामीण लोग घायलन के गगहा CHC पहुंचावल। इहां प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर लोग गंभीर रूप से घायल एगो व्यक्ति के गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कs दिहल, फिलहाल ओकर हालत नाजुक बा।

दुर्घटना में एह लोगन के आइल चोट

बस आ पिकअप के भिड़ंत में कुशीनगर के रवि प्रताप, रत्नेश आ बिट्टू, बासगांव के अजय, महराजगंज के हेमंत आ अभिनव, देवरिया के विशाल आ पंकज, आजमगढ़ के आशुतोष मिश्रा सहित डेढ़ दर्जन लोग घायल हो गइल। एह संबंध में CHC अधीक्षक बृजेश कुमार बर्नवाल बतवलें कि घायलन के प्राथमिक उपचार दिहल गइल बा। एगो व्यक्ति के हालत नाजुक रहे। ओकरा के गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कइल गइल बा। बाकी घायलन के आराम मिलला पs डिस्चार्ज कs दिहल गइल।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsBus and Pickup Collisionbus overturnsego passenger seriousgorakhpur newsGorakhpur: One and a half dozen passengers injuredHeavy CollisionHeavy collision between a bus and a pickup in Gaghareferred to district hospital
Advertisement
Next Article