टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रामपुर में बादल फटला से भारी तबाही, 36 लोग लापता

11:58 AM Aug 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

शिमला जिला के रामपुर में काल्ह सबेरे बादल फाट गइल। झाकरी के समेज खाद में बादल फटला से 36 लोग के लापता होखे के खबर बा। लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल तलाशी अभियान शुरू कऽ देले बिया। बादल फटला के चलते इलाका में हर जगह तबाही के नजारा देखाई देता।

Advertisement

 

रामपुर : हिमाचल प्रदेश में बरसात के मौसम में ऊपरी इलाका में बादल फाटल शुरू हो गइल बा। मामला शिमला जिला के रामपुर के हऽ। रामपुर के झाकरी के समेज खाद में आज बादल फाटे के घटना सोझा आइल बा। काल्ह यानी बियफे के सबेरे सबेरे समेज खाद के जल परियोजना के लगे बादल फाट गइल जवना से इलाका में भारी तबाही भइल। एकरा संगे-संगे बादल फटला के जानकारी मिलते रामपुर अनुमंडल प्रशासन, एनडीआरएफ, सीआईएसएफ, होमगार्ड अवुरी मेडिकल टीम मौका पs पहुंचल।

एसडीएम रामपुर निशांत तोमर के मुताबिक अब तक मिलल जानकारी में बादल फटला के चलते प्रभावित इलाका से केहु के बाहर ना निकालल गइल 36 लोग के लापता बतावल जाता। साथही एह तबाही के चलते कई जगहा सड़को टूट के बंद हो गइल बा। जवना के चलते बचाव दल दु किलोमीटर पैदल चलल आ उपकरण के संगे मौका पs पहुंचल। बचाव दल राहत के काम शुरू क देले बिया।

लापता लोगन के सूची

लापता लोगन के खोजे खातिर सर्च ऑपरेशन जारी

एसडीएम रामपुर बतवले कि बचाव दल में आईटीबीपी आ स्पेशल होमगार्ड टुकड़ीयो के शामिल कइल गइल बा। सब टीम एकजुट होके बचाव अभियान में लागल बिया। बचाव अभियान के दौरान एम्बुलेंस समेत सब बुनियादी सुविधा के तैनाती कइल गइल बा। एसडीएम रामपुर निशांत तोमर बतवले कि एह आपदा में लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल के ओर से तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा। लोग के बचावे के हर संभव प्रयास हो रहल बा।

डीसी अवुरी एसपी शिमला भी मौका पs निकल गइले। डीसी शिमला अनुपम कश्यप बतवले कि घटना के जानकारी मिलते एनडीआरएफ के टीम, पुलिस अउरी बचाव दल मौका पs पहुंचल। राहत आ बचाव के काम शुरू कऽ दिहल गइल बा। डीसी शिमला बतवले कि अपर उपायुक्त के अध्यक्षता में एगो समिति बनावल गइल बा, जवना में पुलिस, होमगार्ड, फायर ब्रिगेड, सुन्नी बांध प्रबंधन आ बाकी विभाग के शामिल कइल गइल बा।

Tags :
Himachal PradeshHimachal Pradesh NewsKhabar Bhojpuri Newsshimla news
Advertisement
Next Article