टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नेपाल में मदन-आश्रित राजमार्ग पs भारी भूस्खलन, 63 यात्री के ले जात 2 गो बस त्रिशूली नदी में डूबल

09:40 AM Jul 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

नेपाल में खराब मौसम के चलते भईल भारी भूस्खलन के जानकारी सोझा आवता। मध्य नेपाल के मदन-अशेता राजमार्ग पर आजु सबेरे भइल भारी भूस्खलन का चलते करीब 63 गो यात्रियन के सवार दू गो बस त्रिशूली नदी में गिरल बतावल जात बा. एहसे एगो आक्रोश पैदा हो गइल बा. मौका पs राहत अवुरी बचाव दल पहुंच गईल बा। नदी में डूबल लोग के बचावे में भी स्थानीय लोग प्रशासन के मदद कs रहल बाड़े।  “प्रारंभिक जानकारी के अनुसार दुनु बस मे बस चालक सहित कुल ६३ जने सफर करत रहले । बतावल जाता कि घटना सबेरे साढ़े तीन बजे भईल।

प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक भूस्खलन के शिकार भईल दुनो बस सबेरे करीब साढ़े तीन बजे अन्हार के चलते त्रिशुली नदी में बह गईल। नेपाल के चितवन के मुख्य जिला अधिकारी इन्द्रदेव यादव एएनआई के बतवले कि हमनी के घटना स्थल पs बानी अवुरी तलाशी अभियान चलता। लापता बसन के पता लगावे के हमनी के कोशिश लगातार बरखा के चलते बाधित हो रहल बा. बता दीं कि नेपाल में पिछला कई दिन से भारी बरखा आ भूस्खलन जारी बा। एकरा चलते अबे ले बहुत लोग के मौत हो चुकल बा। कई जगहा भूस्खलन के चलते राजमार्ग टूटल भा क्षतिग्रस्त हो चुकल बा। अयीसना में लोग के परिवहन में बाधा के सामना करे के पड़ता। बरखा अबे ले नईखे रुकल।

 

 

 

Tags :
Bus accidentLandslideNepalPassenger Bus
Advertisement
Next Article