टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली में तेज बरखा, मौसम विभाग द्वारा जारी 'येलो अलर्ट'

03:15 PM Sep 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

देश के राजधानी दिल्ली में बुध के भारी बरखा भईल। खबर के मुताबिक मौसम विभाग भी भारी बरखा के बाद येलो अलर्ट जारी कs देले बा। बता दीं कि पिछला 2-3 दिन से दिल्ली के लोग नमी के चलते परेशान रहे, एही से बरखा से निश्चित रूप से कुछ राहत मिलल बा।  बता दीं कि मौसम विभाग राष्ट्रीय राजधानी में बरखा के अंदाजा लगा चुकल रहे। बुध के दिने न्यूनतम तापमान 25.2 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल आ मौसम विभाग एह दिन बरखा आ गरज के अंदाजा लगवले रहुवे. एकरा से पहिले मंगल के बहुत दिन बाद दुपहरिया में तेज सूरज के रोशनी रहे जवना के चलते लोग बहुत गरमी अवुरी नमी महसूस करत रहले।

मौसम विभाग बुध के सापेक्षिक आर्द्रता के स्तर 85 प्रतिशत दर्ज कईलस अवुरी शहर खातीर 'यलो अलर्ट' जारी कs देलस। ‘यलो अलर्ट’ खराब मौसम आ हालात अउरी बिगड़ला के संभावना के संकेत देत बा जवना से परिचालन में बाधा आ सकेला. मौसम विभाग देश में मौसम अलर्ट जारी करे खातिर चार रंग के इस्तेमाल करेला। ‘ग्रीन’ के मतलब बा कि कवनो कार्रवाई के जरूरत नइखे, ‘यलो अलर्ट’ के मतलब बा कि नजर आ निगरानी राखीं, ऑरेंज अलर्ट के मतलब बा कि तइयार रहे के बा आ रेड अलर्ट के मतलब बा कि कार्रवाई/सहायता के जरूरत बा. विभाग के मुताबिक राजधानी में अधिकतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा।

 

 

 

 

Tags :
Delhi RainDelhi rainsIMDIMD AlertIMD ForecastRain
Advertisement
Next Article