टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अफगानिस्तान भारी बरखा आ बाढ़ मचवलस तबाही, 50 लोगन के मउत, कई गो लापता

01:58 PM May 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

काबुल: अफगानिस्तान के बघलान प्रांत में बरखा के बाद अचानक आ‌इल बाढ़ में शुक के कम से कम 50 लोगन के मउत हो ग‌इल। तालिबान के एगो अधिकारी एs बारे में जानकारी देत कहले के बाढ़ के असर राजधानी काबुल पs पड़ल बा । बघलान में प्राकृतिक आपदा प्रबंधन के प्रांतीय निदेशक इदायतुल्ला बतावत कहले " बाढ़ से घर आ संपत्ति के नुकसान पहुंचत बा उs कहले कि बाढ़ अइले के बाद से अनेक लोग लापता बाटें एसे मृतक संख्या बढ़ले के आशंका ह।

बाढ़ के असर काबुल पs पड़ल बा’

प्राकृतिक आपदा प्रबंधन मंत्रालय के प्रवक्ता अब्दुल्ला जानान सैक कहले कि बाढ़ के असर राजधानी काबुल पs प‌‌डल। उs बतवले कि बचाव टीम भोजन आ अन्य सहायता पहुंचावल रहे। सैक कहल कि अधिकारी के पूरा ध्यान बचाव अभियान पs रहे आ उs हताहत के संख्या आ बाढ़ से भइल नुकसान के बारे में आए वाला समय में सटीक जानकारी दे पाइब। पिछला महीना देश में भारी बरखा आ बाढ़ से जुड़ल घटना में कम से कम 70 लोगन के मउत हो ग‌इल आ लगभग 2000 घर, 3 मस्जिद आ 4 स्कूल क्षतिग्रस्त हो ग‌इल बा।

 

 

Tags :
AfghanistanFloodHeavy RainKabul
Advertisement
Next Article