For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सस्पेंस, थ्रिलर से ही नाहीं ओटीटी पs शानदार कॉमेडी से भरल होई इs हफ्ता, रिलीज होत बा इs 8 गो फिलिम आ वेब सीरीज, देखीं पूरा लिस्ट

10:20 AM May 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
सस्पेंस  थ्रिलर से ही नाहीं ओटीटी पs शानदार कॉमेडी से भरल होई इs हफ्ता  रिलीज होत बा इs 8 गो फिलिम आ वेब सीरीज  देखीं पूरा लिस्ट
Advertisement

Advertisement

एह हफ्ता ना खाली सस्पेंस आ थ्रिलर से भरल रही बलुक ओटीटी पs बढ़िया कॉमेडी से भी भरल रही, ई 12 गो फिलिम आ वेब सीरीज रिलीज हो रहल बाड़ी सँ, पूरा लिस्ट देखीं.

अबकी बेर ओटीटी पs बहुते नया शो आ वेब सीरीज होखे वाला बा. एक्शन होखे, कॉमेडी होखे, मिस्ट्री होखे, इतिहास होखे, सस्पेंस होखे, थ्रिलर होखे, हॉरर होखे – हर विधा के दर्शकन के एह हफ्ता ओटीटी पs फुल ऑन एंटरटेनमेंट मिले वाला बा. एह हफ्ता रउरा ओटीटी पs अजय देवगन आ आर माधवन के साइको सस्पेंस थ्रिलर फिल्म शैतान के भी देख सकेनी। एकरा अलावे एह हफ्ता संजय लीला भंसाली के भव्य शो भी देखे के मौका मिली। एकरा अलावे अइसने कई गो शो बा जवन रउरा के निराश ना करी. तs जानीं कि अबकी बेर ओटीटी रउरा खातिर कवन उपहार ले के आवत बा.

•दो होल्ड ओवर

ई कॉमेडी फिल्म रउरा अमेजन प्राइम वीडियो पs देख सकीलें. जवन कि एगो सनकी ओल्ड इंस्ट्रक्टर, कुछ शैतान लइका आ एगो हेड कुक के दोस्ती के मजेदार कहानी बा.

•फियेस्को

ई कॉमेडी ड्रामा फिल्म रउरा नेटफ्लिक्स पs देख सकीलें. जवना में एगो फिल्म निर्माता के कहानी बा जे पहिला बेर फिल्म बनावत बा. आ बहुते दिक्कतन के सामना करे के पड़त बा.

•द वेल

रउरा एह थ्रिलर फिल्म के डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs देख सकीलें. ई कहानी हs दू गो मेहरारू के जे इस्तांबुल से पेरिस से लंदन के यात्रा करत बाड़ी, सच्चाई आ झूठ ​​के खेल खेलत बाड़ी. जवन भयानक मोड़ ले लेला।

•हीरामंडी- द डायमंड बाजार

संजय लीला भंसाली के एह भव्य सीरीज के प्रशंसक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े. नेटफ्लिक्स पs भी एकरा के रउरा देख सकेनी।

•अकापुल्को सीजन 3

एह सीरीज के तीसरा सीजन रउरा एप्पल टीवी प्लस पs देख सकीलें. जवन एक बेर फेरु रिश्तन में उथल-पुथल पेश करी।

•द आइडिया ऑफ यू

ई रोमांटिक कॉमेडी फिल्म रउरा सभे अमेजन प्राइम वीडियो पs ही देख सकेनी। ई सिनेमा Robinne Lee के उपन्यास के रूपांतरण हs।

•शैतान

आर माधवन आ अजय देवगन के साइको थ्रिलर आधारित फिल्म एह हफ्ता नेटफ्लिक्स पs देख सकीलें

•वॉन्का

लालची चॉकलेट मेकर्स के दुनिया में घुसे वाला एगो छोट लइका अपना नवाचारन से दुनिया के कइसे बदल देला. उनकर कहानी हs मूवी वॉन्का। जवना के रउआ जियो सिनेमा पs देख सकेनी।

Tags :
Advertisement