टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

इहाँ यूपी में क्रिटिकल केयर यूनिट बनावल जा रहल बा, एकरा में 19 करोड़ रुपया के लागत आई, जानी कब तैयार होई

03:55 PM Aug 11, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

कन्नौज मुख्यालय से करीब 10 किलोमीटर दूर सरकारी मेडिकल कॉलेज तिरवा में आईसीयू के सामने खाली मैदान में एह क्रिटिकल केयर यूनिट के निर्माण शुरू हो गइल बा। एह इकाई के लागत 19 करोड़ रुपिया होखी । 50 बेड के ई क्रिटिकल केयर यूनिट 3500 वर्ग मीटर के क्षेत्र में तैयार होई। एकरा अलावे आईसीयू आ वेंटिलेटर के सुविधा भी होई।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के कन्नौज के ग्रामीण इलाका से आवे वाला लोग के अब स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या खातीर कहीं अउरी भटके के ना पड़ी। मरीजन के बेहतर सुविधा खातिर कन्नौज के मेडिकल कॉलेज में 50 बेड वाला क्रिटिकल केयर यूनिट तइयार कइल जा रहल बा। एकर भवन निर्माण शुरू हो गइल बा। एकरा में आईसीयू जइसन सुविधा होई। एह अस्पताल के बेहद सुविधा से लैस कइल जाई आ पूरा तरह से वातानुकूलित बनावल जाई।

19 करोड़ रुपया के लागत से अस्पताल बनावल जा रहल बा

कन्नौज मुख्यालय से करीब 10 किलोमीटर दूर सरकारी मेडिकल कॉलेज तिरवा में आईसीयू के सामने खाली मैदान में एह क्रिटिकल केयर यूनिट के निर्माण शुरू हो गइल बा। एह इकाई के लागत 19 करोड़ रुपिया होखी। 50 बेड के ई क्रिटिकल केयर यूनिट 3500 वर्ग मीटर के क्षेत्र में तैयार होई। एह क्रिटिकल केयर यूनिट में आईसीयू के सुविधा होई। पूरा परिसर में बेहद सुविधा दिहल जाई आ एयर कंडीशनिंग होई। एहमें सर्जरी, मेडिसिन, आर्थोपेडिक्स समेत सगरी विभाग के गंभीर मरीजन के भी भर्ती करावल जाई।

डेढ़ साल में अस्पताल तईयार हो जाई

मेडिकल कॉलेज के प्राचार्य डॉ. सीपी पाल बतवले कि इहाँ क्रिटिकल केयर यूनिट अस्पताल के तैयारी शुरू हो गइल बा। ई 50 बेड के अस्पताल होई जवन आधुनिक सुविधा से लैस होई। एकरा में 20 वेंटिलेटर के सुविधा होई। अब कन्नौज जिला के गंभीर मरीजन के लखनऊ आ कानपुर ना चले के पड़ी। अब इहाँ मुफ्त इलाज के सुविधा मिल जाई। अइसने में ई अस्पताल सबके खातीर बहुत फायदेमंद साबित होई। करीब डेढ़ साल में ई तैयार हो जाई आ एकर लागत करीब 19 करोड़ रुपया बा।

Tags :
Bhojpuri khabarcritical care in hospitalgood news for Medicalkanauj newskanpur newsKhabar Bhojpur Newsuttarpradesh live update
Advertisement
Next Article