टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Delhi: हाईकोर्ट से भाजपा के सात विधायकन के राहत, अदालत निलंबन कइलस रद्द

05:36 PM Mar 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिल्ली उच्च न्यायालय दिल्ली विधानसभा से सात भाजपा विधायकन के निलंबन के रद्द कs देले बा। ऊ लोग आपन निलंबन के उच्च न्यायालय में चुनौती देले रहे। एह विधायकन के 15 फरवरी के दिल्ली विधानसभा के बजट सत्र में उपराज्यपाल विनय सक्सेना के संबोधन के दौरान भइल उपद्रव के लेके निलंबित कs दिहल गइल रहे। हाईकोर्ट विधायकन के याचिका पs 27 फरवरी के आपन फैसला सुरक्षित रख लेले रहे।

Advertisement

सातो भाजपा विधायक- मोहन सिंह बिष्ट, अजय महावर, ओ.पी. शर्मा, अभय वर्मा, अनिल वाजपेई, जीतेंद्र महाजन आ विजेंदर गुप्ता विधानसभा के बाकी बजट सत्र खातिर आपन निलंबन के चुनौती देत उच्च न्यायालय के रुख कइले रहे लो। ऊ लोग आरोप लगावल कि विपक्षी सदस्यन के चरचा में भाग लेवे से अक्षम करे खातिर दुर्भावनापूर्ण ढंग से योजना बनावल गइल।

15 फरवरी के आप सरकार के उपलब्धियन के उजागर करे वाला अपराज्यपाल के अभिभाषण के कथित रूप से बाधित करे खातिर सदस्यन के निलंबित कs दिहल गइल रहे। विधायक लोग अपना निरंतर निलंबन के बारे में चिंता व्यक्त कइल आ संभावित विवादास्पद माहौल के संकेत देवे वाली हालिया राजनीतिक टिप्पणियन आ संदेशन के विरोध कइल। विधायकन के वरिष्ठ वकील जयंत मेहता 19 फरवरी के दलील देले रहस थी कि निलंबन असंवैधानिक आ नियमन के विपरीत बा, जवना से कार्यवाही में भाग लेवे के ओह लोगन के अधिकार प्रभावित होत बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBJP MLA'sDelhi HighcourtDelhi Legislative AssemblyHighcourtSuspension of MLA's Cancelled by Highcourt
Advertisement
Next Article