For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गाजीपुर में 50 लोगन से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन : आग से छव गो शव निकालल गइल, खिसीआइल भीड़ के पुलिस पs पथराव ; रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

04:57 PM Mar 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गाजीपुर में 50 लोगन से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन   आग से छव गो शव निकालल गइल  खिसीआइल भीड़ के पुलिस पs पथराव   रेस्क्यू ऑपरेशन जारी
Advertisement

गाजीपुर में 50 बारातियन से भरल बस पs हाईटेंशन तार गिर गइल। जवना से बस में भीषण आग लाग गइल। जरत आग से छव गो शवन के बाहर निकालल गइल बा। हादसा के बाद खिसिआइल पुलिस प्रशासन पs जमके पथराव कs दिहल। फिलहाल, मवका पs रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा।

Advertisement

बस मऊ के खिरिहा खाजा से बारात लेके महाहर धाम जात रहे। खाली 1 किलोमीटर के रास्ता बचावे खातिर मेन रोड के जगे शॉर्टकट बस के ले जाइल जात रहे। एह बीच, महाहर गांव के लगे पहुंचतही चलत बस हाईटेंशन लाइन से टच हो गइल।

बस में सवार लोगन के पहिले करंट के तेज झटका लागल। एकरा बाद बस धू-धू कs के जरे लागल। कुछे सेकेंड में बस आग के गोला बन गइल। केहू के बस से बहरी निकले के मवका ना मिलल। बस में सवार कइयन लोगन के मौत के आशंका जतावल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement