टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हिना खान अस्पताल में भईली भर्ती, फोटो शेयर कs कहली- 'अब हिम्मत नइखे...'

05:56 PM Dec 28, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

टीवी इंडस्ट्री से परेशान करे वाला खबर सामने आइल बा। खबर बा कि हिना खान के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।टीवी अभिनेत्री अपना आधिकारिक इंस्टाग्राम अकाउंट पs दु तस्वीर शेयर कईली अवुरी तेज बोखार के बारे में बतवली। ‘ये रिश्ता क्या कहलता है’ में अक्षरा के किरदार निभा के हिना खान सभका दिल में अलग जगह बना लिहले बाड़ी। हिना खान अपना लुक के चलते सोशल मीडिया पs हमेशा हावी रहेली। अस्पताल में भर्ती भईला के बाद हिना खान के शेयर कईल फोटो देख के केहु परेशान हो जाई।

हिना खान के अस्पताल में भर्ती 

28 दिसंबर 2023 के हिना खान अपना इंस्टाग्राम स्टोरी पs दुगो तस्वीर शेयर कईली अवुरी फैंस के अपना स्वास्थ्य के बारे में बतवली। ‘कंट्री ऑफ ब्लाइंड’ के अभिनेत्री खुलासा कइली कि उनुका तेज बोखार बा। संगही, उ अपना प्रशंसक से निहोरा कईले बाड़े कि उनुका जल्दी ठीक होखे खातीर दुआ करस। हिना प्रशंसकन के इहो बतवली कि कइसे पिछला चार दिन से उनकर शरीर के तापमान 102-103 डिग्री के बीच रहल बा।

एकरा चलते हिना खान बेमार हो गईली

आपन हेल्थ अपडेट साझा करत हिना खान कहली कि तेज बोखार के चलते हमरा चार रात ले झेले के पड़ल जवन कि हमरा खातीर बहुत भयानक रहल बा। लगातार तापमान 102-103... उफ, अब कवनो ताकत ना बाचल। ई दुखदायी बा। #लाइफअपडेट हमरा खातिर चिंतित सब लोग खातिर हम वापस आ जाईब। इंशाल्लाह, रउआ लोग हमरा खातिर दुआ करीं।

हिना खान के वर्कफ्रंट

हिना के फिल्म ‘कंट्री ऑफ ब्लाइंड’ 6 अक्टूबर के अमेरिका में रिलीज भइल रहे। एकरा के गोल्डन ग्लोब विजेता फिल्म निर्माता सिद्दीक बरमक से बहुते तारीफ मिलल। हिना के ई फिलिम एगो इंडो-इंग्लिश आउटिंग हs, जवना में ऊ एगो आन्हर औरत के किरदार निभवले बाड़ी। 1800 के दशक में बनल ‘कंट्री ऑफ ब्लाइंड’ में आन्हर लोग से भरल घाटी के जीवन के चित्रण बा।

 

 

Tags :
Bollywood newsEntertainment NewsHina KhanHospitalisedtv newsYeh Rishta Kya Kehlata Hai
Advertisement
Next Article