For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हिंदी निबंध लेखन प्रतियोगिता के भइल आयोजन, विजेता छात्रन के भइल सम्मान

10:07 PM Sep 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
हिंदी निबंध लेखन प्रतियोगिता के भइल आयोजन  विजेता छात्रन के भइल सम्मान
Advertisement

देवरिया। नेहरू युवा केन्द्र देवरिया आ युवा कल्याण आउर प्रादेशिक विकास दल विभाग देवरिया के संयुक्त तत्वावधान में हिंदी दिवस के अवसर पs गोष्ठी आ निबंध लेखन प्रतियोगिता के आयोजन भइल। बरहज के सतराव में आदर्श कल्याण सेवा समिति के ओर से संचालित संस्थान में युवक मंगल दल अध्यक्ष राहुल मल्ल के नेतृत्व में कइल गइल।

Advertisement

कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि समाजसेवी रणविजय कुमार आ भाजपा मंडल उपाध्यक्ष शिवम पांडेय, सह संचालक हरीश कुमार के उपस्थिति रहल। हिंदी के बढ़ावा देवे में हिंदी भाषा के निबंध लेखन प्रतियोगिता में नवहन के उत्साह देखे के मिलल। जेमे 11वीं के छात्रा संजना सिंह प्रथम स्थान, हर्षवर्धन सिंह द्वितीय स्थान आ 10वीं के छात्रा शालनी कुमारी तृतीय स्थान पs रहल लो।

विजेता प्रतिभागियन के उत्साहवर्धन करत अतिथियन के ओर से मेडल देके सम्मानित कइल गइल। एह अवसर पs संचालक अखिलेश सिंह, राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक देवव्रत पांडेय, संतू साहनी, हिमांशु विश्वकर्मा के उपस्थिति रहल।

Tags :
Advertisement