For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

23 मई के इतिहास: बछेंद्री पाल एही दिन दुनिया के सबसे ऊँच चोटी एवरेस्ट पs फतह कइली

09:45 AM May 23, 2024 IST | Raj Nandani
23 मई के इतिहास  बछेंद्री पाल एही दिन दुनिया के सबसे ऊँच चोटी एवरेस्ट पs फतह कइली
Advertisement

भारत के पछेंद्री पाल 23 मई 1984 के दुनिया के सबसे ऊँच पहाड़ी चोटी एवरेस्ट पs पहुँचली आ देश के पहिला महिला पर्वतारोही हई जे फतह हासिल कइली ।

Advertisement

इतिहास में 23 मई के कई गो महत्वपूर्ण घटना दर्ज बा। भारत के बछेद्री पाल 23 मई के दुनिया के सबसे ऊँच पहाड़ी चोटी एवरेस्ट पर चहुँप गइली आ देश के पहिला महिला पर्वतारोही हई जे ई कारनामा पूरा कइले बाड़ी । पर्वतारोहण आ साहसिक खेल के क्षेत्र में उल्लेखनीय योगदान खातिर बछेंद्री पाल के पद्म भूषण से सम्मानित कइल गइल ।

जानी कि 23 मई के इतिहास में अउरी का बा।

 कुछ बड़हन घटना पs डाली एक नज़र:

  •  दक्खिन कैरोलिना के 23 मई 1788 के अमेरिकी संविधान में 8वाँ राज्य के रूप में शामिल कइल गइल।
  •  आयोवा स्टेट यूनिवर्सिटी 23 मई 1879 के अमेरिका में पहिला पशु चिकित्सा स्कूल के स्थापना कइलस।
  •  फिलिपींस के विद्रोही नेता इमिलियो एगुइनाल्डो के 23 मई 1901 के अमेरिकी सेना पकड़ लिहलस।
  •  इजरायल 23 मई 1960 के अर्जेंटीना में नाजी एडोल्फ आइचमैन पर कब्जा करे के एलान कइलस।

खबर

  •  आस्ट्रिया आ सीरिया से यहूदी लोग के निकाल दिहल गइल
  •  यहूदी लोग के 23 मई 1420 के आस्ट्रिया आ सीरिया से निकाल दिहल गइल। 23 मई 1994 के सऊदी अरब में भगदड़ में 270 तीर्थयात्री के मौत हो गइल रहे। रोमन हर्जोग 23 मई 1994 के जर्मनी के राष्ट्रपति चुनल गइलें।

जन्मदिन

  •  जयपुर राजपरिवार के रानी माता महारानी गायत्री देवी के जनम 23 मई 1919 के भइल रहे।
  •  पेरू के राष्ट्रपति रहल एलन गार्सिया के जनम 23 मई 1949 के भइल रहे।
  •  भारतीय फिल्म निर्देशक, निर्माता, पटकथा लेखक आ कोरियोग्राफर के राघवेन्द्र राव के जनम 23 मई 1942 के भइल रहे ।
  •  भारतीय फिल्म निर्देशक, पटकथा लेखक आ लेखक पद्मराजन के जनम 23 मई 1946 के भइल रहे।
  •  भारतीय अभिनेता आ टेलीविजन प्रस्तोता समीर कोचर के जनम 23 मई 1980 के भइल रहे।

पुण्यतिथि  

  •   रंगमंच निर्देशक आ कवि हेनरिक इब्सन के निधन 23 मई 1906 के भइल।
  •  प्रसिद्ध भारतीय इतिहासकार आ पुरातत्वविद रखलदास बंद्योपाध्याय के निधन 23 मई 1930 के हो गइल।
  •  अमेरिकी तेल उद्योगपति आ परोपकारी जॉन डी. रॉकफेलर के निधन 23 मई 1937 के भइल।
  •  जर्मनी के नाजी पार्टी के एगो प्रमुख सदस्य हेनरिक हिमलर के निधन 23 मई 1945 के हो गइल।
  •  ओवेन हार्ट, कनाडाई-अमेरिकी प्रोफेशनल आ शौकिया पहलवान (23 मई 1999 के निधन)।
Tags :
Advertisement