टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली से बरौनी खातिर चली होली स्पेशल ट्रेन : त्योहार में बेसी भीड़ के देखत रेलवे लेलस फैसला

09:44 PM Mar 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रेलवे होली में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 04062-04061 दिल्ली-बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी के संचालन दिल्ली से 24-31 मार्च आ बरौनी से 25 मार्च- एक अप्रिल के दु फेरन खातिर कइल जाई। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के दिल्ली आ बरौनी से यात्रा करे में सहूलियत होई। ई जानकारी रेलवे पीआरओ पत्र जारी करत देले बाड़ें। पीआरओ अशोक कुमार बतवलें कि दिल्ली रूट से होली पs यात्रियन के भीड़ बढ़ जाला। जवना चलते सहूलियत प्रदान करे खातिर ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा।

Advertisement

एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 18, साधारण द्वितीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के एगो आ एसएलआर के दुगो कोच सहित कुल 23 गो कोच लगावल जाई।

दिल्ली से 08:50 बजे प्रस्थान करी 

04062 दिल्ली-बरौनी होली विशेष गाड़ी 24-31 मार्च के दिल्ली से 08:50 बजे प्रस्थान कs के अलीगढ़ से 10:37 बजे, टुण्डला से 11:35 बजे, इटावा से 12:40 बजे, कानपुर सेंट्रल से 15:25 बजे, लखनऊ से 17:50 बजे, गोण्डा से 20:35 बजे, बस्ती से 21:55 बजे, गोरखपुर से 23:10 बजे, दूसरका दिन सीवान से 01:00 बजे, छपरा से 02:40 बजे आ हाजीपुर से 04:15 बजे छूटके बरौनी 06:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 04061 बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी 25 मार्च आ एक अप्रिल के बरौनी से 08:00 बजे प्रस्थान कs के हाजीपुर से 09:35 बजे, छपरा से 11:50 बजे, सीवान से 12:32 बजे, गोरखपुर से 14:50 बजे, बस्ती से 15:52 बजे, गोण्डा से 17:55 बजे, लखनऊ से 20:30 बजे, कानपुर सेंट्रल से 22:25 बजे, दूसरका दिन इटावा से 00:05 बजे, टुण्डला से 01:22 बजे आ अलीगढ़ से 02:42 बजे छूटके दिल्ली 07:35 बजे पहुंची।

Tags :
Barauni DelhiBhojpuri NewsHoli Special TrainHoli special train from Delhi to Barauni: Railways takes decision in view of overcrowding during festivalindian railways
Advertisement
Next Article