टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Holika Dahan 2024 Muhurat : आज कइल जाईं होलिका दहन, बस अतने देर खातिर बावे शुभ मुहूर्त

11:02 AM Mar 24, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Holika Dahan 2024: होलिका दहन आज यानी कि 24 मार्च 2024 के राति खानी कइल जाई। होलिका के आग के हिंदू धर्म में बहुते पवित्र माना जाला। तऽ आई जानल जाव कि आज होलिका दहन खातिर का बा शुभ मुहूर्त ।

Advertisement

Holika Dahan 2024: होलिका दहन 24 मार्च के कइल जाई। होलिका दहन प्रदोष काल के बाद  कइल जाईं, काहेकि ऐतवार के भोरे 9 बज के 55 मिनट से शुरू होके दुपहरिया 2 बज के 19 मिनट तले घरती पऽ भद्रा रहीं, ओकरा बाद पाताल लोक में भद्रा लाग जाई, जवन कि रात 11 बजकर 13 मिनट तले रहीं। होलिका दहन के बुराई पऽ अच्छाई के जीत के प्रतीक के रूप में मानल जला। एकरा अलावा होलिका दहन के दिने सूखल लकड़ियन के ढेर के साथहीं चिपरी , गोइठा, पतहर के कंडा जरावे के प्रथा बा।

बता दी कि जब चंद्रमा कर्क, सिंह, कुंभ आ मीन राशि में रहीहें तऽ पृथ्वी लोक के भद्रा यानि कि अशुभ भद्रा होला। 24 मार्च के दोपहर 2 बज के 19 मिनट तले चन्द्रमा सिंह राशि में रहींहे, ओकरा बाद कन्या राशि में प्रवेश कर जइहें। चूंकि अशुभ भद्रा दुपहरिया में खत्म हो जाई आ होलिका दहन प्रदोष काल के बाद होला। एकरा साथही 17 मार्च के शुरू भइल होलाष्टक आज समाप्त हो जाई, जवना के बाद विवाह आदि सब शुभ काम अब फेर से शुरू हो जाई।

होलिका दहन से जुड़ल मान्यता

पौराणिक कथा के अनुसार, प्राचीन काल में हिरण्यकश्यप नाम का अत्यंत बलशाली राजा रहले, जे भगवान में तनियो विश्वास ना राखत रहस। बाकिर उनकर बेटा प्रहलाद श्री विष्णु के परम भक्त रहे। एक दिन हिरण्यकश्यप प्रहलाद से तंग आके,  ओकरा के मारे खातिर आपन बहिन होलिका के प्रहलाद के साथे आग पऽ बइठे के कहले, होलिका जेकरा लगे एगो अइसन चदरा रहें जवन ओढ़ लेला के बाद देह आग में ना जरे के वरदान मिलल रहें । बाकिर कहल जाला कि हवा के जोड़ के जोखा से उऽ चदरा प्रहलाद प उड़िया के आ गइल आ ओकरा बादऽ होलिका आग में जर गइली आ भक्त प्रहलाद बच गइल। बुराई पऽ अच्छाई के एही जीत के बाद से होलिका दहन के ई परब मनावल जाए लागल।

होलिका दहन के दिने यूपी आ बिहार के कुछ इलाकन में लुकारी ( एगो डंडा जवना में आग धरावल जाला ) लेके हाला करत जाए के परंपरा बा। लुकारी लेके गइला के मान्यता बा कि गांव - जवार से नकारात्मक उर्जा के ओकरा धाहऽ से भगावल जाला।

होलिका 2024 दहन के शुभ मुहूर्त

होलिका दहन के शुभ मुहूर्त 24 मार्च 2024 के रात 11 बजकर 13 मिनट से लेके अगिला दिने 25 मार्च 2024 के देर रात 12 बजकर 27 मिनट तले रहीं। होलिका दहन के पूजा खातिर कुल समय 1 घंटा 14 मिनट खातिर मिली।

Tags :
2024 holibhojpuri Holi newsbiharHINDUHoliHolika DahanHolika Dahan 2024Holika Dahan timeKhabar bhojpurinews holisubh muhuratUttar Pradesh
Advertisement
Next Article