For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गृह मंत्री अमित शाह आज RAW आ NSA अधिकारियन के साथे करिहें बइठक

02:01 PM Jun 16, 2024 IST | Sonu Kishor
गृह मंत्री अमित शाह आज raw आ nsa अधिकारियन के साथे करिहें बइठक
Advertisement

देश में एनडीए की सरकार बनला के बाद अब ई नयका सरकार काम-काज शुरू कऽ देले बिया। प्रधानमंत्री पद के शपथ लेला के अगिला दिने नरेंद्र मोदी जी-7 के बइठक खातिर इटली चल गइलें। एने, फेर से गृह मंत्रालय के दायित्व संभालत अमित शाह सुरक्षा आ खुफिया तंत्र के समीक्षा में जुट गइल बाड़े। फिलहाल फोकस जम्मू-कश्मीर के हालात आ आगामी अमरनाथ यात्रा पs बा।

Advertisement

अधिकारियन के साथे सुरक्षा के मुद्दा पऽ होई चरचा

गृह मंत्री अमित शाह के आज RAW (Research and Analysis Wing) आ NSA (National Security Agency) के अधिकारियन के साथे अहम बइठक होखे जा रहल बा। एह बैठक के आगामी अमरनाथ यात्रा के मद्देनजर काफी अहम मानल जा रहल बा। हालांकि एकरा पहिलहू गृह मंत्री के अध्यक्षता में जम्मू-कश्मीर में सुरक्षा व्यवस्था के लेके समीक्षात्मक बैठक हो चुकल बा।

जम्मू-कश्मीर में आतंकी घटना पऽ नजर

हाल के दिनन में जम्मू-कश्मीर में कई गो आतंकी घटना हो चुकल बा। आतंकियन के ओर से घात लगा के कइल गइल हमला में एक दर्जन से बेसी तीर्थयात्रियन के मौत हो चुकल बा। ई तीर्थयात्री बस में सवार होके जात रहले। ओही दौरान घात लगाके आतंकी हमला कऽ देले रहले सन। ई घटना सरकार के घाटी में इस्थिति के समीक्षा करे पs मजबूर कऽ देलस।

बैठक में ई लोग रहिहें मौजूद

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के अध्यक्षता में होखे वाला बइठक में एनएसए अजीत डोभाल, जम्मू-कश्मीर के एलजी मनोज सिन्हा, इंटेलिजेंस ब्यूरो के चीफ, RAW के चीफ, पारा मिलिटरी फोर्सेस के डीजी सहित आउर शीर्ष क्रम के अधिकारी शामिल रहिहें। एह बैठक में जम्मू-कश्मीर में वर्तमान इस्थिति के समीक्षा कइल जाई। साथही आगे खातिर रणनीतियो पs चर्चा हो सकऽता। हाल में भइल आतंकी वारदातन के पुनरावृत्ति रोके खातिर जाए वाला एक्शन पs चर्चा कइल जा सकऽता।

Tags :
Advertisement