टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हनी सिंह बादशाह के माफी मंगले पs तोड़ले चुप्पी, अनबन पs बोलले- 'दोस्त होत तs...'

11:03 AM Jul 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

हनी सिंह अवुरी बादशाह अपना रिश्ता के लेके कुछ समय से खबर में बाड़े। कई बेर दुनों के बीच मतभेद अवुरी विवाद के खबर सोझा आवत रहेला, जवन कि एs लोग के प्रशंसक तक हैरान कs देले बा। रैपर बादशाह हालही में यो यो हनी सिंह से माफी मँगले रहले आ एह लोग के 15 साल पुरान झगड़ा खतम करे के संकेत दिहले रहले. बादशाह हनी सिंह से सार्वजनिक तौर पs माफी मंगले रहले अवुरी कहले रहले कि दुनो लोग के बीच कुछ गलतफहमी बा, बाकिर अब उs एs दुश्मनी के खतम कईल चाहतारे। बादशाह के माफी माँगला के बाद पहिला बेर हनी सिंह आपन चुप्पी तूड़ दिहले बाड़न.

बादशाह से लड़ाई पs चुप्पी तुड़ले हनी सिंह

जब यो यो हनी से उनुका अवुरी बादशाह के बीच मतभेद के बारे में पूछल गईल तs उs कुछ अयीसन कहली जवन कि एक बेर फेर दुनो लोग के बीच हलचल मच गईल। यो यो हनी सिंह कहलन कि यार... हमरा तs एकदम से समझ में नइखे आवत कि आज तक हम कबो केहू के बारे में कवनो गलत बात नईखी कहले। कुछ लोग कहेला कि फॉल आउट भइल रहे. हमरा समझ में नईखे आवत कि हनी सिंह-बदशाह के लड़ाई के बारे में लोग एतना बतियावत बाड़े।

बादशाह के माफी माँगे पर हनी सिंह कहलन

बादशाह के माफी पs आगे हनी सिंह कहले कि, 'का एकरा अलावे केहु के अवुरी कुछूओ चर्चा करे के नईखे? एतना साल तक एगो आदमी हमरा बारे में बतियावत रहल, फेर एक दिन माफी मंगलस। हम ओह बारे में का कहब, तs हमरा एह बारे में बात कइल जरूरी नइखे लागत. हमरा ओकरा से कवनो लेना-देना नइखे... हम ओकरा के कवनो महत्व ले ना देनी उ कबो हमार दोस्त ना रहले। अगर हमार दोस्त रहित तs अलग बात रहित।

 

 

 

 

Tags :
BadshahbollywoodEntertainmentEntertainment NewsHoney Singh
Advertisement
Next Article