For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पुणे हादसा के खौफनाक मंजर, नाबालिग के कार दु लोगन के रौंदलस

09:23 AM May 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
पुणे हादसा के खौफनाक मंजर  नाबालिग के कार दु लोगन के रौंदलस
Advertisement

Advertisement

हाल ही में महाराष्ट्र के पुणे में गति के तबाही देखल गइल। इहाँ सड़क दुर्घटना में दु जने के मउत सभके झकझोर देले बा। बता दीं कि एगो अमीर बाप के बेटा महंगा गाड़ी से बाइक के टक्कर मार देले रहे। एs घटना में दु जने के मउत हो चुकल रहे। आरोपी एगो जानल मानल बिल्डर के बेटा हs। एs दुर्घटना के बाद उहाँ मौजूद लोग आरोपी के बहुत पिटले । अब एह हादसा के पूरा सीसीटीवी फुटेज भी सोझा आ गईल बा।

मृतकन के भइल पहचान

इs घटना कल्याणी नगर में रात के करीब 2.30 बजे भईल। एगो जानल मानल बिल्डर के बेटा अपना पोर्शे कार से एगो बाइक सवार के टक्कर मार दिहलस। बाइक सवार लईका लईकी के मउत हो गईल बा। मरेवाला लोग के पहचान अनीस अवलिया अवुरी अश्विनी कोस्टा के रूप में भईल बा, जवना के मउत मउका पs हो गईल बा।

कल्याणी नगर में भइल दुर्घटना के सीसीटीवी फुटेज सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल बा. ए घटना में आरोपी के गाड़ी के भी नुकसान पहुंचल बा। दुर्घटनाग्रस्त कार से उतरे के कोशिश में ड्राइवर के पीटत देखाई देलस। अब जवन सीसीटीवी फुटेज सामने आइल बा ओकरा से साफ पता चलत बा कि गाड़ी बहुते तेज रफ्तार से जात रहुवे आ दुर्घटना के कारण बन गइल.

इ घटना कल्याणी नगर में रात के करीब 2.30 बजे भईल। एगो जानल मानल बिल्डर के बेटा अपना पोर्श कार से एगो बाइक सवार के टक्कर मार दिहलस। बाइक सवार लईका लईकी के मौत हो गईल बा। बाइक सवार लईका लईकी के मौत हो गईल बा। मरेवाला लोग के पहचान अनीस अवलिया अवुरी अश्विनी कोस्टा के रूप में भईल बा, जवना के मौत मौका प हो गईल बा।

आरोपी के पिता के गिरफ्तार

पुणे के एs हिट एंड रन केस में पुलिस नाबालिग के गिरफ्तार कs लेले रहे। हालांकि कुछ घंटा बाद कोर्ट उनुका के जमानत दे दिहलस। हालांकि अब पुणे पुलिस आरोपी बिल्डर विशाल अग्रवाल के गिरफ्तार कs लेले बिया। मामिला दर्ज होखते उs फरार हो गईले। महाराष्ट्र के संभाजीनगर जिला से उनुका के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा.

Tags :
Advertisement