For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पs भीषण हादसा, खड़ा ट्रक पs कार मरलस टक्कर; चार लोग के मउत

01:21 PM Feb 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
आगरा लखनऊ एक्सप्रेस वे पs भीषण हादसा  खड़ा ट्रक पs कार मरलस टक्कर  चार लोग के मउत
Advertisement

उत्तर प्रदेश में दुर्घटना बंद नइखे होखत। कई गो सड़क दुर्घटना रोज हो रहल बा आ लोग आपन जान गँवा रहल बा। एही में भी आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs बहुत भयानक दुर्घटना होखेला। शनिचर के दिने भी अइसने एगो भयानक दुर्घटना देखल गइल । इs हादसा इहाँ मैनपुरी के नजदीक भईल। एह हादसा में चार लोग के मउत हो चुकल बा।

Advertisement

कार खड़ा ट्रक से टकरा गईल

पुलिस के कहनाम बा कि आगरा एक्सप्रेसवे के 97 माइल स्टोन के नजदीक एगो ट्रक खड़ा रहे। पीछे से आवत एगो गाड़ी ओकरा के टक्कर मार दिहलस। दुर्घटना अतना भयंकर रहे कि गाड़ी पूरा तरह से उड़ गईल। कार में सवार चार लोग के मउत हो गईल, बतावल जाता कि कार में सवार पश्चिम बंगाल के कोलकाता निवासी रहले। दुर्घटना के बाद पुलिस मउका पs पहुंच के चारो शव के कार से निकाल लेलस। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातीर मैनपुरी पोस्टमार्टम हाउस भेज देले बिया।

Tags :
Advertisement