टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ranchi में भयावह सड़क दुर्घटना, एके परिवार के चार लोगन के मौत; तेज रफ्तार बोलेरो बाइक के मरलस टक्‍कर

10:33 AM May 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बाइक के टक्‍कर मारे वाली बोलेरो आ घटनास्‍थल पs जुटल भीड़
Advertisement

रांची जिला के खलारी थानान्तर्गत भेलवाटांड़ में बोलेरो आ मोटरसाइकिल के बीच आमने-सामने टक्कर में पति, पत्नी आ दु लईकन के मौत हो गइल। घटना बुध के सांझ 6:30 बजे के हs।

Advertisement

बोलेरो मोटरसाइकिल के मरलस सीधा टक्‍कर

होमगार्ड जवान पंकज कुमार (33 बरिस) अपना पत्नी गुड़िया देवी (31 बरिस),  दीपराज कुमार (11 बरिस), राजदीप कुमार (9 वर्ष) आ पुत्री शालिनी कुमारी (7 बरिस) के संगे अपना मोटरसाइकिल से अपना घरे जात रहे लो।

एही क्रम में भेलवाटांड़ के लगे उल्टा दिशा से तेज गति से आ रहल अनियंत्रित बोलेरो मोटरसाइकिल के सीधा टक्कर मार देलस।

बाइक के घसीटत ले गइल बोलेरो

बोलेरो के गति एतना तेज रहे कि मोटरसाइकिल के घसीटत कुछ दूर तक ले गइल। घटना स्थल पs पत्नी गुड़िया देवी आ बेटी शालिनी कुमारी के मृत्यु हो गइल।

गंभीर रूप से घायल पंकज आ दुनो बेटन के तुरंत सीसीएल के बचरा अस्पताल पहुंचावल गइल। अस्पताल पहुंचला पs घायल पंकज कुमार आ एगो बेटा राजदीप कुमार के मृत्यु हो गइल। बड़ बेटा दीपराज कुमार गंभीर रूप से घायल बा। ओकरा के तुरंत रिम्स रेफर कs दिहल गइल।

ग्रामीण लोग जमके दिखावल आक्रोश

पंकज कुमार प्रतापपुर थानाक्षेत्र (चतरा) के जोगियारा गांव के रहे वाला रहे। ऊ पिपरवार में पदस्थापित रहे। बुध के डिउटी के बाद ऊ बाजार से पत्नी आ अपना लईकन के संगे घरे जात रहे। एही दौरान दुर्घटना हो गइल।

ग्रामीणन के आक्रोश के कारण देर रात करीब दु बजे दुर्घटना स्थल पs पड़ल शवन के उठावल जा सकी। बियफे के चारो शवन के पोस्टमार्टम खातिर रिम्स भेज दिहल गइल। मृतक के बड़ भाई शशिकुमार गुप्ता घटना के लेके खलारी थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें बाड़ें।

Tags :
Accident NewsBhojpuri NewsBolero-Bike AccidentHorific Road AccidentRanchi News
Advertisement
Next Article