For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

व्हाट्सएप प रउरा के के ब्लॉक कइले बा रउरा एक पल में पता लगा सकेनी, लोग साधारण संकेत तक ना समझ पावेला

12:24 PM May 10, 2024 IST | Raj Nandani
व्हाट्सएप प रउरा के के ब्लॉक कइले बा रउरा एक पल में पता लगा सकेनी  लोग साधारण संकेत तक ना समझ पावेला
Advertisement

जदि रउरा भी ना समझ में आवत बा कि केहू रउरा के ब्लॉक कइले बा कि ना, त रउरा बहुते आसानी से पता लगा सकीलें । आई जाने के कइसे रउवा जानेंम कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल बा...

Advertisement

व्हाट्सएप के इस्तेमाल लगभग हर आदमी क रहल बा जेकरा लगे स्मार्टफोन बा। शुरू में जब व्हाट्सएप आइल त एकर फीचर बहुत सीमित रहे बाकी धीरे-धीरे एकरा में बहुत खास फीचर जोड़ल गइल बा आ अब सुविधा में भी बहुत बढ़ोतरी भइल बा। अब लोग व्हाट्सएप के माध्यम से एक दूसरा से जुड़ल रहेला आ कुछ लोग अइसन बाड़े जवन कि दिन भर मैसेजिंग में लागल रहेले। अब फोटो भेजल चाहत बानी, वीडियो भेजल चाहत बानी भा कवनो दस्तावेज भेजल चाहत बानी, तमाम काम सिर्फ व्हाट्सएप के माध्यम से होखता। बाकिर कई बेर हमनी देखत बानी स कि हमनी का लगातार केहू के मैसेज करत बानी जा आ कवनो प्रतिक्रिया नइखे आवत । त जदी रउरा साथे भी अइसन हो रहल बा त विचार करीं कि ई कवनो बढ़िया संकेत नइखे आ संभव बा कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल होखे ।

कई बेर अइसन होला कि हमनी के इहो ना बुझाला कि हमनी के ब्लॉक कर दिहल गइल बा । त जदी रउरा कबो शक होखे कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल बा कि ना त हम रउरा के कुछ अइसने संकेत बतावत बानी जवन अगर रउरा व्हाट्सएप प देखब त समझीं कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल बा ।

Last Seen नइखे लउकत ...

जदी रउरा केहू के अकाउंट में लास्ट सीन देख नइखीं पावत त संभव बा कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल होखे । हालांकि ध्यान राखीं कि संभव बा कि ऊ आदमी अपना प्राइवेसी सेटिंग से आखिरी बेर देखल बंद कर दिहले होखे ।

व्हाट्सएप बायो नइखे लउकत ...

जदी रउरा केहू के बायो ढेर दिन से ना देख पावत बानी त संभव बा कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल होखे ।

व्हाट्सएप के स्टेटस नइखे लउकत...

जदी रउरा केहू के स्टेटस ढेर दिन से ना लउकत बा त ई संकेत बा कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल बा ।

प्रोफाइल फोटो हिडेन बा...

जदी रउरा कबो केहू के प्रोफाइल फोटो ना देखले होखब त ई कहल गलत ना होई कि रउरा के ब्लॉक कर दिहल गइल बा । बाकी ध्यान रहे कि इहो हो सकता कि केहु आपके नंबर के प्राइवेसी खाती सेव नइखे कइले आ प्रोफाइल फोटो के छोड़ के... My Contacts के चुनले बा।

मैसेज डिलीवर नइखे होत

जदी राउर मैसेज केहू तक ना पहुंच रहल बा त संभव बा कि उ आदमी रउआ के ब्लॉक क देले होखे, काहे कि जदी केहु व्हाट्सएप प बा आ राउर मैसेज नइखे पहुंचत।

वीडियो भा वॉयस कॉल काम नइखे करत...

जदी आप व्हाट्सएप प केहु के फोन करतानी आ ओकरा के रउर रिस्पांस कबहूँ ना मिलेला, त रउरा इ समझे के चाही कि रउवा के ब्लॉक क दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement