अश्विन के बाद अगिला साल कइयन गो आउर भारतीय सीनियर खिलाड़ियन के ओर से आ सकत बा संन्यास के घोषणा, 2025 होई बदलाव के साल? जानीं
अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में 287 मैचन आ 765 विकेट लेला के बाद दिग्गज ऑफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन तीनो प्रारूप के अलविदा कह देले बाड़ें। हालांकि, ऊ घरेलू टूर्नामेंटन आ आईपीएल में खेलते रहिहें। अश्विन 106 टेस्ट में 537 विकेट चटकवलें, जवना से उनकर करिअर दिग्गज अनिल कुंबले (619) के बाद भारत के दूसरका सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज के रूप में समाप्त भइल। अश्विन के संन्यास घोषणा स्टार बल्लेबाज विराट कोहली सहित कइयन खिलाड़ियन खातिर चउकावे वाला रहल। जबकि भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के ऑस्ट्रेलिया में मवजूदा सीरीज सुरू होखे से पहिले एह फैसला के जानकारी रहे। हालांकि, अश्विन के अचानक संन्यास के फैसला के बाद आवे वाला भविष्य में एह तरे के आउर घोषणा देखे के मिल सकत बा।
अगिला साल बदलाव के दौर से गुजरी टीम इंडिया
क्रिकबज के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, भारतीय टीम के अगिला साल बदलाव के दौर में प्रवेश करे के उम्मेद बा। अगिला साल जून में लॉर्ड्स में विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप (डब्ल्यूटीसी) फाइनल के बाद टीम इंडिया से कइयन गो आउर सीनियर खिलाड़ी संन्यास लेत दिख सकत बा लो। हालांकि, तब तक इंतजार खिलाड़ी तबे करी लो जदि भारत फाइनल में पहुंचत बा। जदि भारतीय टीम फाइनल में नइखे पहुंचत तs ओकरा पहिलहू कइयन खिलाड़ियन के संन्यास के फैसला आ सकत बा।
इंग्लैंड दौरा से पहिले हो सकत बा कुछ अइसन
रिपोर्ट के मोताबिक, 'ई फैसला केतना योजनाबद्ध बा भा केतना अपना इच्छा के अनुसार होई, ई बतावल मुस्किल बा, बाकिर भारतीय टीम के जल्दिये बदलाव से गुजरला के उम्मेद बा। संभवत: 2025 में टेस्ट सीरीज खातिर इंग्लैंड जाये से पहिले अइसन हो सकत बा। पहिले के तरे के एकर श्रेय भा वजह ऑस्ट्रेलिया में टेस्ट सीरीज के दिहल जाई। पिछला कुछ बरिसन में ऑस्ट्रेलिया के दौरा कइयन भारतीय क्रिकेटरन के करिअर के समाप्त करे में अहम भूमिका निभवले बा।
2025 संन्यास के साल हो सकत बा
रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि 2025 भारतीय क्रिकेट में संन्यास के बरिस हो सकत बा। ठीक ओहि तरे जइसन 2008 में सौरव गांगुली आ अनिल कुंबले एही सीरीज के बाद संन्यास लेले रहे लो। एकरा मोताबिक, 'ई संभावना नइखे कि केहुओ खुला तौर पs स्वीकार करी कि ई केहू के कहला पs कइल गइल बा, बाकिर अश्विन के घोषणा 2008 के तरे संन्यास के एगो सीरीज के सुरुआत हो सकत बा। 2008 में कइयन वरिष्ठ खिलाड़ी अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से अचानक संन्यास ले लेले रहे लो। एकरा के प्रत्यक्ष भा अप्रत्यक्ष रूप से एगो संकेत मानल जा रहल बा आ बदलाव खातिर मंच मचल जा रहल बा।
अश्विन कहलें रहस बात
हालांकि, ई स्पष्ट नइखे कि जदि भारत विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल में पहुंचे में विफल रहत बा तs का संन्यास के घोषणा ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चल रहल सीरीज के बाद आई भा फेर कुछ समय बाद। अश्विन अपना आखिरी भाषण में बतवले रहस कि ऊ टीम में कुछ आउर सीनियर खिलाड़ियन के संगे बा आ उनका संगे लमहर समय तक ड्रेसिंग रूम शेयर कइल अच्छा लागल। एमे विराट कोहली, रोहित शर्मा आ रवींद्र जडेजा जइसन खिलाड़ी सामिल रहे लो।
ई सीनियर खिलाड़ी बा लो लाइन में
रोहित, कोहली आ जडेजा जून में टी-20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के अलविदा कह चुकल बा। अश्विन के विपरीत, रोहित आ कोहली टेस्ट में काफी संघर्ष कइले बा। रोहित के 2024 के सबसे बड़ आकर्षण टी-20 विश्व कप में बल्ले से उनकर सनसनीखेज प्रदर्शन रहे। हालांकि, कोहली टूर्नामेंट के फाइनल में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ अच्छा प्रदर्शन कइले रहस आ एकरा बाद ऊ पिछला महीना पर्थ टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 100 रन के पारी खेलले, बाकिर एह दो पारियन के अलावा ऊ कुछ खास करे में कामयाब ना हो सकत बा।
Read Also: मेरठ: पंडित प्रदीप मिश्रा के कथा में मचल भगदड़, महिला आ बुजुर्ग लो दबले