टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ईवीएम(EVM) से चुनाव आयोग के कतना खर्चा आवेला? वीवीपीएटी (VVPAT )के कीमत केतना बा? इहाँ जान लीं

11:45 AM Jun 04, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

पछिला जनवरी में चुनाव आयोग कहले रहे कि जदी लोकसभा आ राज्य विधानसभा खातीर एक संगे चुनाव होखता तS आयोग के नाया ईवीएम खरीदे खातीर हर 15 साल में 10 हजार करोड़ रुपया के जरूरत पड़ी।

Advertisement

जदी देश में लोकसभा आ विधानसभा के चुनाव एक संगे होखे तs हर 15 साल प 10,000 करोड़ रुपया इलेक्ट्रॉनिक वोटिंग मशीन यानी ईवीएम पs खर्च होई। दरअसल, पछिला जनवरी में चुनाव आयोग कहले रहे कि जदी लोकसभा आ राज्य विधानसभा खातीर एक संगे चुनाव होखता तs आयोग के नाया ईवीएम खरीदे खातीर हर पंद्रह साल में 10,000 करोड़ रुपया के जरूरत पड़ी।

आयोग बतवले रहे कि ईवीएम के शेल्फ लाइफ मात्र 15 साल के बा। जदी एक संगे चुनाव होखे तs एक सेट मशीन के इस्तेमाल से तीन बेर चुनाव करावल जा सकता, बाकी लोकसभा अवुरी विधानसभा खातीर अलग-अलग मशीन के इस्तेमाल कइल जाई। मतदान के दिने खराब मशीन बदले खातिर कंट्रोल यूनिट (CU), बैलेट यूनिट (BU) आ वोटर वेरिफाइबल पेपर ऑडिट ट्रेल (VVPAT) मशीन के रिजर्व में राखे के पड़ी ।

एक राष्ट्र एक चुनाव करावे खातिर 36 लाख 62 हजार 600 वीवीपीएटी के जरूरत बा ।

फरवरी 2023 में चुनाव आयोग कहले रहे कि एक संगे चुनाव करावे खातीर कम से कम 46 लाख 75 हजार 100 बैलेट यूनिट, 33 लाख 63 हजार 300 कंट्रोल यूनिट आ 36 लाख 62 हजार 600 वीवीपीएटी के जरूरत होई।

एक ईवीएम के अस्थायी लागत करीब 34 हजार रुपया बा

चुनाव आयोग के मुताबिक 2023 के शुरुआत में एक ईवीएम के अस्थायी लागत लगभग 34 हजार रुपया रहे। एहमें 7900 रुपिया प्रति बैलेट यूनिट, 9800 रुपिया प्रति कंट्रोल यूनिट आ 16 हजार रुपिया प्रति वीवीपीएटी शामिल रहे ।

Tags :
2024 loksabaha electionBhojpuri khabarElection Commission Of IndiaevmKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialVVPATबड़ी khabar
Advertisement
Next Article