For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Security Breach: संसद के सुरक्षा में सेंध कइसे लागल, चार साल से चलत रहे साजिश

11:33 AM Dec 14, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
lok sabha security breach  संसद के सुरक्षा में सेंध कइसे लागल  चार साल से चलत रहे साजिश
Advertisement

नई दिल्ली। 13 दिसंबर 2001 के संसद पs दुस्साहसिक आतंकी हमला के बरसी वाला दिन लोकसभा आ संसद परिसर के बाहर बड़ सुरक्षा चूक के ममिला सामने आइल। पहिले दुपहरिया लगभग एक बजे लोकसभा में दर्शक दीर्घा से दुगो जुवक सागर शर्मा आ मनोरंजन डी सदन के भीतर कूदले सs आ जूतन में छिपाके ले गइल एगो कलर स्मोक क्रैकर के माध्यम से हलुक पियर रंग के धुआं उड़ाके पूरा देस के स्तब्ध कs देलें सs। लगभग ओहि समय संसद भवन के बाउंड्री के ठीक बाहर परिवहन भवन के सोझा एगो जुवक अमोल शिंदे आ नीलम नाम के जुवती नारेबाजी के संगे लगभग अइसने रंगीन धुआं उड़वले सs।

Advertisement

योजना सावधानी से बनावल गइल

अमोल महाराष्ट्र के लातूर आ नीलम हरियाणा के जींद के रहे वाली। जबकि सागर लखनऊ आ मनोरंजन मैसुरु के रहे वाला बा। पुलिस सूत्रन के कहनाम बा कि ई घटना बढ़िया तरे से समन्वित बा आ एकर योजना सावधानी से बनावल गइल रहे। एकरा के छव आरोपित अंजाम दिहल लो, जेमे से पांच के पकड़ लिहल गइल बा। ओकनी के खिलाफ धारा-120बी आ यूएपीए के तहत कार्रवाई हो रहल बा। मानल जा रहल बा कि एह घटना के तार कुछ जादे लमहर हो सकत बा।

मैसुरु के सांसद प्रताप सिम्हा के सिफारिश पs बनल पास

लोकसभा सचिवालय के अनुरोध पs केंद्रीय गृह मंत्रालय घटना के जांच के आदेश दे देले बा। सीआरपीएफ के महानिदेशक (डीजी) अनीश दयाल सिंह के अध्यक्षता वाली जांच समिति में आउर सुरक्षा एजेंसियन के सदस्य आ विशेषज्ञ सामिल होई। सदन के भीतर कूदे वाला दुनो जुवकन के सागर शर्मा आ मनोरंजन मैसुरु के सांसद प्रताप सिम्हा के सिफारिश पs दर्शक दीर्घा में प्रवेश खातिर पास बनववले रहले सs। एकनी के लगभग एक दर्जन सांसद ने घेरकर पकड़ल लो, तनिका पिटाई कइल  लो आ फेर सुरक्षाकर्मियन के सउप दिहल।

आतंकी हमला के बरसी पs संसद के सुरक्षा में सेंध

बुधवार के दुनो सदनन के कार्यवाही सुरू होखे से पहिले 22 साल पहिले 2001 के आतंकी हमलन में मारल गइल बलिदानियन के परिसर में श्रद्धांजलि दिहल गइल रहे। एकरा बाद निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार कार्यवाही चलत रहे। लोकसभा में दर्शक दीर्घा में कइयन लोग मवजूद रहे। एमे आगे के पंक्ति में खामोशी से बइठल एगो जुवक पहले नीचे छलांग लगवले रहे आ सत्तापक्ष के तरफ सबसे पीछे के बेंच पs कूद गइल। पहिले तs सांसद लोग समझल कि केहू गिर गइल बा, बाकिर जब ऊ उछलकूद मचावल सुरू कइलस तs मंशा समझ में आ गइल। तब तक ओकर दूसरको साथी नीचे कूदे के तइयारी में रहे।

रेलिंग से लटकला के बाद नीचे कूदल जुवक

दीर्घा में मवजूद प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, लागल कि दूसरका जुवक ओकरा के पकड़े खातिर नीचे उतर रहल बा, काहेकि ऊ दीर्घा के रेलिंग से लटकला के बाद नीचे कूदल। कुछ क्षण बाद लोग समझ गइल कि दुनो एक संगे बाड़े सs आ ओकनी के इरादा संगीन बा। कुछ देर खातिर आशंका गहरा गइल। ओह समय शून्यकाल के अंतिम दौर रहे आ पीठासीन अधिकारी राजेंद्र अग्रवाल रहस।

सदन में स्मोक क्रैकर निकाल के फइलवले से पियर रंग के धुआं

एह घटनाक्रम से सदन के भीतर पूरा तरे अफरातफरी फइल गइल। कइयन सांसद केवाड़ी कावर भागल। एही बीच सांसदन के सहजोग से सुरक्षाकर्मी दुनो जुवकन के दबोच लिहल लो। बाकिर ओकरा पहिले युवक खूब उछलकूद कइलस आ अध्यक्ष के आसन तक जाये के कोसिस कइलस। दूसरका जब कूदल तs ओहिजा बइठल रहल आ अपना जूता से स्मोक क्रैकर निकालके पियर रंग के धुआं फइला दिहल।

एगो साथी बनावत रहे वीडियो

ई पूरा घटना कवना तरे से योजनाबद्ध कइल गइल रहे। एकर अंदाजा एसे लगावल जा सकत बा लगभग ओहि समय संसद भवन के बाहर नीलम नारेबाजी कइलस आ ओकर दूसरका साथी कलर स्मोक क्रैकर फोड़लस। ओ समय उहां ओकनी के कवनो और साथी मवजूद रहे। जवन वीडियो बनावत रहे। बतावल जा रहल बा कि ओकनी के ऊ साथी ललित झा रहे। ओकरा के पकड़े खातिर दिल्ली पुलिस के टीमन के अलग-अलग स्थानन पs भेजल गइल। ऊ वीडियो के इंस्टाग्राम पs अपलोडो कs देलस। सूत्रन के मोताबिक, एगो आरोपित विक्रम बा जवना के गुरुग्राम से हिरासत में लिहल गइल बा। पुलिस विक्रम के पत्नियो के हिरासत में लेले बिया।

'तानाशाही ना चली' के लगवले सs नारा 

नीलम 'तानाशाही ना चली', 'जय भीम, जय भारत' के नारा लगवला के संगही ई दावा कइलs कि ऊ कवनो संगठन से नइखे जुड़ल आ छात्रा हिय। ऊ मीडिया से इहो कहलस कि सरकार ओकरा जइसन लोगन के दमन कs रहल बिया, ओह लोगन के पीटल जा रहल बा आ जेलन में डालल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement