टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अक्सर बढ़ जाला ब्लड प्रेशर, तs डाइट में तुरंत शामिल क‌s लेंई खाए के ई चीज

02:43 PM Oct 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
सेहत: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

 

खराब लाइफस्टाइल आ अनहेल्दी डाइट प्लान के वजह से हाई ब्लड प्रेशर के समस्या काफी ढेर बढ़त जात बा। अगर आपो के इहे लागत बा की खाली दवाई खा के आपो अपने बीपी के कंट्रोल क‌s सकेनी तs आपो अपने एs गलतफहमी के दूर का कs ली। ब्लड प्रेशर पs काबू पाए खातिर आपो अपने डाइट प्लान में कुछ नेचुरल खाना के चीजन के शामिल क‌s सकेनी। आईं अइसने कुछ फूड आइटम्स के बारे में जानल जा।

कइसन हो‌खे के चाहीं डाइट?

हाई ब्लड प्रेशर के कंट्रोल क‌रे के खातिर आपके अपने डाइट प्लान के पौष्टिक आ संतुलित बनवले के कोशिश करे के चाहीं। आपके अपने डेली डाइट में फल, सब्जी, साबुत अनाज आ लो फैट डेयरी प्रोडक्ट्स के जरूर शामिल करे के चाहिं। एकरे अलावा आपके सोडियम के कम मात्रा के अपने डाइट के हिस्सा बनावे के चाहीं।

फायदेमंद साबित होंईं ई चीज

अगर आपो अपने ब्लड प्रेशर के कम करल चाहत बानी तs आपो एवोकाडो, कीवी आ संतरा के सेवन क‌s सकेनी। हरीयर पत्तेदार सब्जि ब्लड प्रेशर पs काबू प‌वले में मददगार साबित हो सकेला । पिस्ता आ अखरोट ज‌इसन ड्राई फ्रूट्स आपके बीपी के कम क‌इलें में कारगर साबित हो सकेला । अगर आपो चाहीं तs दालचीनी के अपने डाइट में शामिल क‌s सकेनी। एकरे अलावा अगर आपो नॉन वेजिटेरियन बानी तs सही मात्रा में मछली के कंज्यूम क‌s सकेनी।

काहें जरूरी बा कंट्रोल क‌इल?

हाई ब्लड प्रेशर के समस्या के समय रहते कंट्रोल क‌इल बेहद जरूरी हs। अगर हाई बीपी पs काबू ना हो पाइल तs आपो स्ट्रोक आ हार्ट अटैक जइसन गंभीर आ जानलेवा बेमारी के चपेट में आ सकेनी । एही वजही से हेल्थ एक्सपर्ट्स अक्सर हाई बीपी के समस्या के हल्का में ना लेवे के सलाह दिहल जाला।

(ई आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपनवले से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंई)

 

Tags :
# Health careblood pressureBPFoodHealthHealth and Fitness
Advertisement
Next Article