For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Threads: पसंद नइखे आवत थ्रेड्स एप? आ रहल बा डिलीट करे के ऑप्शन, इंस्टाग्राम अकाउंट रही सेफ

03:50 PM Nov 14, 2023 IST | Minee Upadhyay
threads  पसंद नइखे आवत थ्रेड्स एप  आ रहल बा डिलीट करे के ऑप्शन  इंस्टाग्राम अकाउंट रही सेफ
Advertisement

Advertisement

जुलाई 2023 में मेटा ट्विटर (अब एक्स) के मुकाबला करे खातिर आपन नया ऐप थ्रेड्स लॉन्च कइलस। जइसहीं एकरा के लॉन्च भइल, थ्रेड्स ऐप के लाखों लोग रातों रात डाउनलोड कs लिहले आ ई हिट हो गइल बाकिर रातों रात के ई सफलता दिन अइले के साथे गायब हो गइल।

थ्रेड डाउनलोड करे वाला लाखों लोग अब एकर इस्तेमाल नइखे करत। मेटा थ्रेड के बढ़ावा देबे के पूरा कोशिश कs रहल बा। इहाँ तक कि इंस्टाग्राम अवुरी फेसबुक के टाइमलाइन पs जबरन थ्रेड देखाई देता। एकरा खातिर कवनो प्रयोगकर्ता के अनुमति नइखे लिहल गइल।

फिलहाल आपके थ्रेड्स खाता के हटावे के कवनो विकल्प नईखे। फिलहाल अगर रउआ थ्रेड्स अकाउंट के डिलीट करे के बा तs रउआ आपन इंस्टाग्राम अकाउंट भी डिलीट करे के पड़ी। थ्रेड्स ऐप के लोकप्रियता के मुख्य कारण इंस्टाग्राम अकाउंट से सीधा लॉगिन रहे।

अब मेटा थ्रेड्स खाता के हटावे के सुविधा देवे के योजना बनवले बा। इंस्टाग्राम के सीईओ एडम मोसेरी आपन एगो पोस्ट में कहले बाड़े कि जल्दिए आप इंस्टाग्राम अकाउंट के बिना डिलीट कईले आपन थ्रेड्स अकाउंट डिलीट कs सकेनी।

थ्रेड्स अकाउंट कइसे हटाई

नया अपडेट के बाद आपके इंस्टाग्राम अकाउंट में ही थ्रेड्स अकाउंट के डिलीट करे के विकल्प मिली। एकरा खातिर रउआ आपन इंस्टाग्राम अकाउंट पs जाके ओकरा बाद ऐप के सेटिंग में जाके थ्रेड्स प्रोफाइल पs क्लिक करे के होई। एकरा बाद राउर खाता पs क्लिक करे के पड़ी आ ओकरा बाद Delete आ Deactivate profile पs क्लिक करे के पड़ी। इहाँ से आप अपना सुविधा के मुताबिक खाता के डिलीट चाहे डि-एक्टिवेट कs सकतानी।

Tags :
Advertisement