टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बैंगन देखते नाक-मुंह सिकोडे वाला लो खाई चाव से बनल एs स्टाइल में बैंगन भरता, जानीं विधि

02:13 PM Apr 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बैंगन के नाम सुनते कई लोग नाक मुंह बनावे लागेला। दरअसल, एकर सब्जी बहुते लोगन के कुछु ख़ास नाहीं पसंद आवेलाs। बाकिर आजू हम आपके एकर एगो दूसर रेसिपी बताएब जवन आपके यकीनन पसंद आईं। एs रेसिपी के नाम हs बैंगन भरता ।बैंगन भरता उत्तर भारत में खाइल जाए वाला एगो लोकप्रिय साइड डिश हs। दाल चावल आ रोटी के साथे लोग एके बडा चाव से खाएला। बैंगन के भरता के स्वाद ख‌इले में बहुते लाजवाब होला आ सेहत के खातिर फायदेमंद होला। आजू हम आपके रेस्टोरेंट स्टाइल बैंगन भरता बन‌वले के रेसिपी बतावे जात बानी। ऐ रेसिपी कुछे मिनट में बन के त‌इयार हो जाला। बैंगन के भर्ता ख‌इले में जेतनो स्वादिष्ट हs बन‌उले में उतने आसान। आप एके घरे में आधा घंटा से कम समय में आसानी से त‌इयार क‌ सकेनी। अब ले रउरा अगर एके घरे में नाहीं बन‌वले बानी तs चलि हम आपके बतावत बानी रउआ एकरा के क‌इसे बनाएब?

बैंगन के भरता बन‌वले के सामग्री

बड़हन बैंगन,बारिक कटलs – 1, हरीअर मरिचा बारीक कटल – 3, बारीक कटल लहसुन  - 2, टमाटर - 1, हरदी – 1 टीस्पून लाल मरिचा पाउडर – 1 टीस्पून, गरम मसाला – 1 टीस्पून, कटल धनिया पत्तइ – 1 टेबलस्पून, सरसो के तेल, नमक स्वादानुसार।

बैंगन के भरता बनावे के विधि

बैंगन के भरता बन‌वले खातिर सबसे पहिले बैंगन के साफ़ पानी से धोईं आ लंबा आकार में काटीं। अब गैस आन क‌रीं आ ओ पs एक पैन रखी आ एमें 2 गो चम्मच सरसों के तेल डालीं। जब तेल गरम हो जाए तs ओमे कटल बैंगन के डालीं आ एगो प्लेट से ढक के रख देंईं। जब ले बैंगन पकत रहै आप तब ले प्याज, धनिया, लहसुन आ मरिचा एकदम बारीक काट ली। जब बैंगन अच्छा तरह पक जाई तब कड़ाही से बैंगन निकालीं आ एगो थाली में रख देंईं।

अब अगला स्टेप में आप टमाटर के दू भाग में काटीं आ कड़ाही में 1चम्मच तेल डाल के ओके अच्छा तरही से भूनीं। जब टमाटर भूना जाए तs गैस बंद क‌ देईं। अब ऐगो बाउल में पकल बैंगन के ले के अच्छा तरह से मैश करीं। जब बैंगन मैश हो जाईं तब ओमें बारीक कटल प्याज, लहसुन आ म रिचा, 1 टीस्पून लाल मरिचा पाउडर – 1 टीस्पून, गरम मसाला – 1 टीस्पून,आ भुनल टमाटर के ऐड करीं आ अच्छा तरह से मिलाईं। अब ओकरे बाद आप एs भरता में आधा चम्मच सरसों के तेल, नमक स्वाद अनुसार मिलाईं। भरता के ऊपर धनिया से एके गार्निश करीं।

 

 

 

Tags :
bharataLifestyle NewsReciperecipes in bhojpuri
Advertisement
Next Article