टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Namak Para Recipe: सांझ के चाय के साथे बनाई कुरकुरा 'नमक पारा' भा 'नमकीन', लइका लो भी हो जइहें खुश

09:56 AM Oct 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
नमक पारा' भा 'नमकीन : फोटो
Advertisement

 

Advertisement

अगर रउरा मेहमानन के स्वागत कइल चाहत बानी भा लइकन खातिर कुछ खास बनावल चाहत बानी तs नमक पारा भा नमकीन रउरा खातिर सबसे बढ़िया विकल्प हो सकेला. राउर लइका आ बड़ लोग भी ई खइला के बाद खुश हो जइहें आ बार-बार बनावे के निहोरा करीहें। हालांकि बाजार से भी मिल सकेला, बाकिर घर के जइसन स्वाद अवुरी घर के बनावल नमक पारा के कुछ अवुरी बात बा। इs सब बनावल बहुत आसान बा अवुरी इs कम समय में तैयार हो जाला। तs आईं 'शालिनी कपूर' से सीखल जाव कि कुरकुरा नामक पारा भा नमकीन बनावे के तरीका..

नमक पारा भा नमकीन बनावे के तरीका

सामग्री

- मैदा - 2 कप

- नमक - सुवाद भर

- तेल - 1/4 कप

- पानी - जरूरत भर

- अजवाइन - 2चम्मच भा कसूरी मेथी 2 चम्मच

 

बनावे के तरीका

1. सबसे पहिले मैदा के एगो कठवत भा कवनो बड़हन बर्तन में ले के ओहमें निमक, तेल, अजवाइन भा डालके मिला लेइं।

2. अब तनी - तनी पानी डालके करेड़ आटा सान लेइं।

3. आटा सनला के बाद उनके 10-15 मिनट खातिर ढांक के राख देइं।

4. अब तइयार आटा के फेर से एक बार तनी सान के लेइं कि बनावत घरी अरिया से ढेर फाटे के डर ना होखे।

5. अब एगो गोला बना के ओहके बेलना से मोट - भाया पतील जइसन रुचे, बेल लेइं।

6. अब एगो तेज धार चाकू से तिरछा- तिरछा काट लेइं भा कवनो छोटहन ढक्कन से काट - काट के गोल शेप दे देईं।

7. अब कराही में रिफाइन्ड तेल भा कनोला के तेल डालीं आ ठीक से गरम हो जाये त तनी- तनी करके नमकपारे के छानत जाईं।

8. सुरु में आँच मीडियम राखे के बा आ जदि मोट - मोट काटल बा त तनी देर बाद आँच मद्धिम कर देवे के बा जैसे बढ़िया से भीतर ले पाक जाए।

9. जब ललछहूँ हो जाये त कराही से निकाल लेइं।

10. ठंडा हो जाये त एयर टाइट डिब्बा में भर लेइं।

11. एकदम खस्ता नमकपारे/ नमकीन तइयार बा।

12. जदि बेसी चटख खाये के मन होखे त ऊपर से गरमे नमकीन में चाट मसाला छिरिक दिहिं।

टिप्स: कमजोर दाँत वाला लोगन खातिर बनावे घरी आधा छोट चम्मच बेकिंग पाउडर मिला लेवे से मोयन कम रहला पर भी नमकीन बढ़िया बन जाला।

 

 

 

Tags :
FoodLifestyleLifestyle NewsNamak ParaNamak Para RecipeRecipe Newsspecial-story
Advertisement
Next Article