टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हरिहर पतई वाला मेहंदी के बाल में कइसे लगा सकेंनी, जानीं इस्तेमाल कइले के आसान तरीका

07:13 PM Oct 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
हरिहर पतई वाला मेहंदी: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

मेहंदी के इस्तेमाल बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे में कईल जाला। मेंहदी लगावे से बाल में बहुत सुंदर रंग मिलेला। एकरा खातिर सूखा मेंहदी के जगह हरियर पत्तई वाला मेंहदी के इस्तेमाल करीं। पार्क में मेंहदी के पेड़ से पतई इकट्ठा करे के चाहीं। एs मेंहदी के आप पीस के बाल पs लगा सकतानी। कुछ दिन में आपके बाल पूरा तरीका से करिया, मुलायम अवुरी चमकदार हो जाई। बाल पs हरियर मेंहदी लगावे से ना खाली रंग बढ़ेला बालुक बाल के बढ़े में भी सुधार होखेला। बाल पs मेंहदी लगावे के तरीका जानतानी अवुरी मेंहदी में का मिलावे के चाही?

बाल खातीर मेंहदी के पतई के इस्तेमाल कईसे कईल जाला

एकरा खातिर ताजा मेंहदी के पतई लेके बारीक पीस लीं। मेहंदी के मिक्सर में भी पीसल जा सकेला। एकरा के मोट आ चिकन पेस्ट निहन तैयार करे के पड़ी। अब एकरा में कुछ एलोवेरा जेल डाल दीं अवुरी मेथी के बीज अवुरी गुड़हल के फूल भी डाल दीं। सभ सामग्री मिला के एक बेर फेरु से पीस लीं।

एह मेंहदी के पेस्ट के एगो कटोरी में निकाल के बाल पs लगाई। कम से कम 3 घंटा ले मेहंदी लगा के रखी। एहसे रंग बहुते बढ़िया आ गहिराह हो जाई. अब समय खतम होखला के बाद बाल के सादा पानी से धो लीं। जब बाल सूख जाई तs ठीक से तेल लगाई अवुरी अगिला दिन बाल के शैम्पू से धो लीही।

बाल में मेंहदी के पतई लगावे के फायदा

बाल पs पतई के संगे हरियर मेंहदी लगावे से उज्जर बाल तक धीरे-धीरे करिया होखे लागेला। एकरा से सफेद बाल के समस्या के कम कईल जा सकता। मेहंदी में टैनिन होखेला जवन बाल के रंग में सुधार करेला। मेहंदी में प्राकृतिक विटामिन ई पावल जाला जवन बाल के बहुत मुलायम बनावेला। मेहंदी के पत्तई में प्राकृतिक प्रोटीन अवुरी एंटीऑक्सीडेंट होखेला जवन कि बाल के स्वास्थ्य में सुधार करेला। एकरा संगे मेथी, एलोवेरा अवुरी गुड़हल के फूल भी बाल के बढ़े में फायदेमंद होखेला। ई तीनों चीज़ मिल के बाल के मुलायम बना देवेला। जवना के चलते बाल गिरला के समस्या कम हो जाला। बाल के बनावट बढ़िया बा अवुरी रंग भी गहरा बा। एह तरह से मेंहदी लगावे से रूसी अवुरी दोमुंहे के समस्या भी खतम हो जाला।

 

Tags :
beauty tipsfashion and beauty tipsHair Carehome remediesLifestylelifestyle news in bhojpuri
Advertisement
Next Article