For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अइसे करब प्रपोज तs केहु कबो ना करीं मना, Propose Day पs करीं आपन इश्क के इजहार

01:22 PM Feb 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
अइसे करब प्रपोज तs केहु कबो ना करीं मना  propose day पs करीं आपन इश्क के इजहार
Advertisement

अइसे करीं प्रपोज तs केहु कबो ना करींमना, Propose  आसान होला, प्रेम के इजहार कइल ओतने मुश्किल होला। प्रेमी-प्रेमिका प्रेम के एहसास के अपना दिल में सालों तक दफन राखेले। दिल के भावना के व्यक्त करे खातिर शब्द कम पड़ जाला। लेकिन अब बिना कवनो देरी के प्रपोज डे के दिने आपन भावना साझा करीं। 8 फरवरी के प्रपोज डे रउरा खातिर वैलेंटाइन वीक में खास हो सकेला। प्रेम के इजहार करे खातिर एकरा से बढ़िया दिन नईखे हो सकत। एह से बिना कवनो संकोच आ डर के एह कविता आ शेर के माध्यम से आपन दिल के भावना के अभिव्यक्ति करीं आ आपन प्रेम के इजहार करीं। तs "सोनु किशोर" के लिखल सायरी से रउरा आपन दिल के बात कहीं।

Advertisement

फूल बगीया मे,आज खिलल बाटे 

मन के भौरा के बहार मिलल बाटे

•केहू देबे बधाई आके चकोर के,चाँद 

आसमान से धरती पर उतरल बाटे

•लाजा जाई फुलवारी पड़ते डेग उनकर

फूल लोरहे आज फूल निकलल बाटे

•कहऽ गजल उनका बखान मे किशोर

कई बरिस के सारधा तोहार पुरल बाटे।

प्रपोज डे पs अगर लईकी चाहत बिया लइका के रोमांटिक तरीका से प्रपोज कइल आ अगर सामने वाला के प्रति भावना बा। तs यायावरी वाया भोजपुरी के द्वारा कुछे दिन पहिले रिलीज भइल प्रेम गीत "खिलsल चाँदनी " सुना के आपन दिल के बात कही सकेनी।

Tags :
Advertisement