टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ब्यूटी टिप्स: गरमी में वैक्स करवले से हाथ गोड़ पs निकल जाला दाना, तुरंत अपना लीं इ s नुस्खा

12:46 PM Apr 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

गरमी में हाथ, गोड़ अवुरी कबो-कबो चेहरा पs वैक्स कईला के बाद दाना निकलेला। संवेदनशील त्वचा वाला लोग के वैक्सिंग, साफ-सफाई अवुरी थ्रेडिंग के बाद लाली अवुरी दाना आवे लागेला। खास तौर पs गर्मी के समय में दाना के समस्या बढ़ जाला। पहिला बेर वैक्स लगावे वाला लोग के त्वचा पs छोट-छोट पिंपल्स हो जाला। एह पs घबराहट के जरूरत नइखे.इs दाना हल्का होखेला अवुरी 2-3 दिन में ठीक हो जाला। वैक्सिंग के बाद कुछ घरेलू उपाय से एकरा के कम कईल जा सकता। आज हमनी के कुछ उपाय बतावत बानी जा जवन वैक्स के बाद त्वचा पs आवे वाला पिंपल्स के कम कs सकता।

Advertisement

वैक्सिंग के बाद त्वचा पs का लगावे के चाही?

•बरफ लगाईं- अगर त्वचा पs दाना लागल बा चाहे त्वचा संवेदनशील बा, तs वैक्सिंग के बाद ओ जगह पs बरफ के टुकड़ा रगड़ लीं। एहसे जरला के जलन कम हो जाई अवुरी दाना भी कम हो जाई। बर्फ लगावे से लाली भी कम हो जाई। एकरा खातिर सूती कपड़ा में 3-4 बर्फ के टुकड़ा राख के ओकरा के लपेट के प्रभावित जगह पs लगाई। कुछ समय ले लगावे के बाद जलन कम हो जाई अवुरी दाना भी कम हो जाई।

•खीरा अवुरी एलोवेरा- गर्मी में वैक्सिंग कईला के बाद हाथ-गोड़ पs खीरा के रस चाहे एलोवेरा जेल लगाई। अगर रउरा चाहत बानी तs एकरा के फ्रिज में भी फ्रीज कs के बर्फ के टुकड़ा के रूप में इस्तेमाल कs सकेनी। खीरा अवुरी एलोवेरा लगावे से दाना कम हो जाई।

आइस पैक- अगर चाहीं तs एगो कटोरी में बरफ के साथे ठंडा पानी लेके ओकरा में कुछ देर खातिर आपन चेहरा डुबा लीं। एह तरह से वैक्स के बाद जलन कम हो जाई अवुरी पिंपल्स भी कम देखाई दिही ठंडा कईला से त्वचा के लाली भी कम हो जाला।

 

 

 

Tags :
beauty tipsfashionfashion and beauty tipshome remediesLifestyleSkin Care
Advertisement
Next Article